Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

714
  1. बिहार: पटना में पोस्टर- बिहार के योगी… आ गइलें सम्राट भइया; ‘अणे मार्ग खाली करs के नारा लिखल गइल; राजद बोलल- बीजेपी पs शनि के साढ़े साती सवार। दिल्ली में प्रधानमंत्री मोदी से मिललें सम्राट चौधरी।
  2. बिहार: गोपालगंज में कुख्यात शूटर आ एसटीएफ के बीच मुठभेड़, आरोपी लालबचन सहनी गिरफ्तार। विशाल सिंह गिरोह के शूटर हs लालबचन। यूपी के देवरिया तक दर्ज बा केस।
  3. उत्तर प्रदेश: अतीक के उम्रकैद, साबरमती जेल वापसी के तइयारी; किडनैपिंग केस में अशरफ समेत 7 बरी; उमेश पाल के मां बोलली- फांसी होखे के चाहीं। कुल 101 केशन में पहिला सजा।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी में 11 दिन में 410% बढ़ल कोरोना; 24 घंटा में 74 नया ममिला आइल, एक्टिव केस 492; नवंबर 2022 में 467 पॉजिटिव केस मिलल रहे।
  5. झारखंड: पांच ना 15 साल में सुरू भइल रांची सदर अस्पताल; नया भवन में आज से सुरू भइल इलाज, उद्घाटन समारोह के लेके सांसद संजय सेठ बोललें- हमरा सूचना नइखे। सुपरस्पेशियलिटी के मिली नया भवन में सुविधा।
  6. परिणीति-राघव चड्ढा के रिश्ता पs AAP सांसद के मुहर: संजीव अरोड़ा के ट्वीट- रउआ दुनू लोगन के बधाई, रउआ लोगिन के जिनगी प्यार-आनंद से भरल रहे।
  7. बंगला खाली करे के नोटिस पs राहुल बोललें: आदेस मानेम, घर से निमन इयाद जुड़ल बा; खड़गे कहलें- आपन घर खाली कs देम। 24 अप्रिल से पहिले खाली करे के बा बंगला।
  8. सावरकर के पोता कहलें- राहुल माफी मांगस, ना तs FIR: खड़गे के मीटिंग में उद्धव ना गइलें, राहुल सोनिया के सोझा पवार बोललें- गठबंधन मुश्किल होई।
  9. बाइडेन के डेमोक्रेसी समिट से दुर भइल पाकिस्तान: लगातार तीसरा साल ना ली हिस्सा; वजह- दोस्त चीन के ना बोलावल गइल। समिट के एक दिन पहिले लेलस फैसला।
  10. मैड्रिड मास्टर्स: सात्विक-चिराग के नजर सत्र के दूसरा खिताब पs, एकल में सिंधु आ श्रीकांत से उम्मेद।
495980cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.