साँझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 11, 2022

बिहार:  पीएम मोदी के आगमन से पहिले BJP के दावा, बिहार के मिली आठ हजार करोड़ रुपिया के मदद। एह पईसा के इस्तेमाल बिहार सरकार सड़क, पुल, पुलिया आ बिजली सुविधा के विकास खातिर कs

Share

  1. बिहार:  पीएम मोदी के आगमन से पहिले BJP के दावा, बिहार के मिली आठ हजार करोड़ रुपिया के मदद। एह पईसा के इस्तेमाल बिहार सरकार सड़क, पुल, पुलिया आ बिजली सुविधा के विकास खातिर कs सकी।
  2. बिहार: औरंगाबाद के दहलावे के नक्सलियन के रहे बड़ तइयारी, जंगल से 87 केन बम सहित आउर विस्फोटक बरामद।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी में कोरोना के रफ्तार बढ़ल, 24 घण्टा में मिलल 210 नया केस, 186 लोग भइल स्वस्थ।
  4. उत्तर प्रदेश: सपा गठबंधन में गांठ: अब अखिलेश यादव से आर-पार के मूड में ओपी राजभर, मिलके  सीधे पुछिहे सवाल।
  5. झारखंड: झारखंड में आर्थिक सुरक्षा समेत 9 मांग के लेके राशन डीलरन के धरना, पीएम मोदी के नामे ज्ञापन।
  6. भाजपा के सपोर्ट में उद्धव जे सांसद: शिवसेना सांसद उद्धव ठाकरे स3 कहल लो- राष्ट्रपति चुनाव में करस NDA उम्मीदवार के समर्थन।
  7. श्रीलंका संकट: राष्ट्रपति गोटबाया देश छोड़के भगले, बुध ले लवटिहे, PM के बाद कैबिनेट मिनिस्टरो लो दी इस्तीफा।
  8. राजीव गांधी के हत्या के दोषी रविचंद्रन के सुप्रीम कोर्ट से रिहाई के मांग, कहलस- पहिले अंतरिम जमानत दिहल जाव।
  9. संसद के नया बिल्डिंग पs 6.5 मीटर ऊंच अशोक स्तंभ, कांसा के प्रतिमा के वजन 9500 किलो, PM मोदी कइले अनावरण।
  10.  बदहाल श्रीलंका के क्रिकेट से मिलल राहत: ऑस्ट्रेलिया के पहिला बेर पारी के अंतर से हरवलस, पहिला टेस्ट खेल रहल जयसूर्या लेले 12 विकेट।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.