[the_ad_group id="30365"]

UP के ए इलाकन में बनी 13 नया बस स्टॉप, लखनऊ, गोरखपुर समेत ए शहरन के सीधा मिली बस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बनारस शहर में जाम के समस्या से लोग छुटकारा पावे वाला बाड़े। सरकार वाराणसी में 13 गो नया रोडवेज बस स्टॉप बनावे जा रहल बिया। एहसे यात्रियन के बेहतर परिवहन सुविधा मिल जाई।

वाराणसी में 13 गो नया रोडवेज बस स्टॉप बनावल जाई। हालांकि इ सब शहर से बहरी बनल होई, लेकिन एकरा से सबसे बड़ फायदा शहर के जाम में कमी होई। बनारस के बहरी एह 13 गो नया बस स्टॉप से ​​शहर के भीतर जाम कम हो जाई आ यात्रियन के प्रयागराज, लखनऊ, जौनपुर, सोनभद्रा, गाजीपुर, गोरखपुर समेत कई जिला में बस के सुविधा मिल जाई।

वाराणसी विकास प्राधिकरण, वीडीए यूपी रोडवेज के एह बस स्टॉप खातिर नक्शा तइयार कइले बा। जानकारी के मुताबिक वाराणसी के वाजिदपुर में दस एकड़ सरकारी जमीन उपलब्ध बा। बस स्टैंड खातिर जल्दिए ई जमीन आवंटित होखे के उमेद बा।

एह बस स्टैंड के शुरू भइला के बाद शहर में जाम के समस्या दूर हो जाई आ साथे साथ यात्रियन के बेहतर परिवहन सेवा मिल जाई। इ सभ बस स्टैंड रिंग रोड अवुरी हाईवे के आसपास बनावल जाई। एकरा खातिर योजना तैयार करे में वीडीए लागल बा। जमीन के सर्वेक्षण भी पूरा हो चुकल बा। कहल जा रहल बा कि एह जमीन के अधिग्रहण के प्रक्रिया जल्दिए पूरा हो जाई। एकरा के मास्टर प्लान 2031 में जोड़ दिहल गईल बा।

इहाँ नया बस स्टॉप बनावल जाई

मोहनसराय बाईपास के लगे पांच एकड़ जमीन लिहल जाई। एकरा अलावे हरहुआ चौराहा के पास 11 एकड़ जमीन, वाजिदपुर के रिंग रोड के पास 10 एकड़ जमीन, संदहां के पास 10 एकड़ जमीन, एढे के पास 10 एकड़ जमीन, गोईठहां के पास 5 एकड़ जमीन, अखरी के पास 10 एकड़ जमीन, नेवादा के टेंगरा मोरे के पास 10 एकड़, पड़ाव के पास 5 एकड़, अवधूत भगवान आश्रम के पास 10 एकड़, शाहुपुरी के पास 10 एकड़ आ बाबतपुर के पास 18 एकड़ जमीन के अधिग्रहण होई।

बस इहाँ चली

अलग-अलग बस स्टैंड से लखनऊ, बलिया, गाजीपुर, आजमगढ़, गोरखपुर, सोनभद्र, विंध्यनगर, प्रयागराज अवुरी कानपुर खातीर बस चली।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]