टेक्नोलॉजी डेस्क : Vivo एक के बाद एक स्मार्टफोन लॉन्च करे के तइयारी में बा। कंपनी के तीन गो स्मार्टफोन Vivo T4 Lite, Vivo Y19sGT आ Vivo Y29t 5G लॉन्चिंग से ठीक पहिले Google Play सपोर्टेड डिवाइस में लिस्ट कइल गइल बा। एकरा पहिले वीवो के अपकमिंग स्मार्टफोन Bluetooth SIG प्लेटफॉर्म पs स्पॉट कइल जा चुकल बा। इहां हमनी के रउआ सभे के एह फोन के बारे में डिटेल में जानकारी दे रहल बानी सs।
Vivo के अपकमिंग स्मार्टफोन
91mobiles के रिपोर्ट के मोताबिक, Vivo के अपकमिंग फोन गूगल प्ले सपोर्टेड डिवाइस के लिस्ट में मॉडल नंबर V2509, V2526 आ V2527 के संगे स्पॉट कइल गइल बा। एमे Vivo T4 Lite स्मार्टफोन सामिल बा, जे Vivo T3 Lite के सक्सेसर बा। एकरा संगही कंपनी दुगाे आउर फोन Vivo Y19sGT 5G आ Vivo Y29t 5G के पेश करे के प्लानिंग में बा, जवन Vivo Y19 आ Vivo Y29 सीरीज के मेंबर होई।

Google Play सपोर्टेड डिवाइस के लिस्टिंग में एह स्मार्टफोन के फीचर्स आ हार्डवेयर डिटेल्स के लेके कुछो जानकारी नइखे मिलत। अपकमिंग Vivo Y29t आ Vivo Y19sGT 5G स्मार्टफोन के लेके अभी तक कुछो जानकारी सामने नइखे आ सकल। मानल जा रहल बा कि ई स्मार्टफोन Vivo Y29 आ Vivo Y19 नाम से लॉन्च हो सकत बा। कंपनी होम मार्केट चीन में एकरा के दिसंबर महीना में लॉन्च कs सकत बा।
संभव बा कि ग्लोबल मार्केट में ई फोन एह महीना के अंत तक लॉन्च हो सकत बा। Vivo T4 Lite स्मार्टपोन के Bluetooth SIG प्लेटफॉर्म पs मॉडल नंबर V2509 के संगे स्पॉट भइल बा। रिपोर्ट्स के मानीं तs ई iQOO Z9 Lite के रिब्रांड वर्जन होई, जवना के कंपनी पिछलका साल जुलाई में 10,499 रुपिया के सुरुआती कीमत में लॉन्च कइल गइल रहे।