टीवी डिबेट में स्वामी प्रसाद मौर्य आ राजू दास के बीच मारपीट के नौबत

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 15, 2023

सपा नेता स्वामी प्रसाद मौर्य रामचरितमानस के लेके अपना बयान के वजह से विवादन में चल रहल बाड़ें। एही कड़ी में ऊ एगो टीवी कार्यक्रम में गइल रहस, उहां पs राजू दास परमहंस  मवजूद रहस

Share

सपा नेता स्वामी प्रसाद मौर्य रामचरितमानस के लेके अपना बयान के वजह से विवादन में चल रहल बाड़ें। एही कड़ी में ऊ एगो टीवी कार्यक्रम में गइल रहस, उहां पs राजू दास परमहंस  मवजूद रहस जिनका संगे उनकर तीखा बहस सुरू हो गइल। बाद में ओह बहस के वजह से मारपीट तक के नौबत आ गइल।

बतावल जा रहल बा कि डिबेट के दौरान राजू दास परमहंस एह बात पs भड़क गइले कि स्वामी प्रसाद मौर्य द्वारा भगवान राम के अपमान कइल गइल। एही वजह से डिबेट के दौरान दुनो तरफ से तीख बहस सुरू हो गइल। देखते देखत माहौल जादे गरम हो गइल आ मारपीट तक के नौबत आ गइल। राजू दास तs दावा कर रहल बाड़ें कि स्वामी प्रसाद मौर्य के समर्थक लोग उनका के पिटले बा। एह वजह से ऊ मौर्य के खिलाफ शिकायत दर्ज करवावे जा रहल बाड़ें।

ओइसे स्वामी प्रसाद मौर्य पुलिस कमिश्नर के पत्र लिख देले बाड़े

स्वामी प्रसाद पत्र बतवले बाड़ें कि ताज होटल में आयोजित कार्यक्रम से निकलला के दौरान अयोध्या के हनुमानगढ़ी के महंत राजू दास आ उनकर समर्थक लोगन के द्वारा तलवार आ फरसा से हमला के कोसिस कइल गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.