Pakistan: पाक पीएम शहबाज पहिला बेर मनलें-नूर खान एयरबेस आ आउर जगहन पs गिरल भारतीय मिसाइल, फेर छेड़लें कश्मीर राग

By Anurag Ranjan

Published on: May 17, 2025

नेशनल डेस्क: पाकिस्तान के पीएम शहबाज शरीफ आखिरकार मान लेले बाड़ें कि भारत पाकिस्तानी एयरबेस पs मिसाइलन से हमला कइले रहे। खास बात ई बा कि शहबाज इहो कहलें कि उनका के एह हमला के

Share

पाकिस्तानी पीएम शहबाज शरीफ - फोटो : एएनआई / रॉयटर्स

नेशनल डेस्क: पाकिस्तान के पीएम शहबाज शरीफ आखिरकार मान लेले बाड़ें कि भारत पाकिस्तानी एयरबेस पs मिसाइलन से हमला कइले रहे। खास बात ई बा कि शहबाज इहो कहलें कि उनका के एह हमला के जानकारी हमला के रात खुद सेना प्रमुख जनरल असीम मुनीर देले रहस।

बैलिस्टिक मिसाइल लॉन्च करे के जानकारी मुनीर से मिलल

ऑपरेशन सिंदूर के बाद भारत के हमलन में मारल गइल पाकिस्तानी सैनिकन खातिर देस भर में आयोजित धन्यवाद दिवस (यौम ए तशाकुर) के मौका पs शहबाज कहलें, सिपहसालार असीम मुनीर हमरा के 9 आ 10 मई के दरमियानी रात के करीब 2:30 बजे सिक्योर्ड लाइन पs फोन कs के हमरा के बतवलें, वजीर ए आजम साहब, हिंदुस्तान आपन बैलिस्टिक मिसाइल अभी लॉन्च कइले बा। एमे से एगो नूर खान एयरपोर्ट पs गिरल बा आ दोसर कुछ दूसरा इलाकन में गिरल बा।

पाकिस्तान के खुद के झूठ के पर्दाफाश

शहबाज शरीफ के कबूलनामा पाकिस्तान के खुद के झूठ के पर्दाफाश करत बा काहेकि ऊ लगातार ई दावा करत रहल बा कि भारत के हमला में ओकर खास नुकसान नइखे भइल। इहां तक कि ऊ अपना वायुसेना अड्डन के कवनो तरे के नुकसान से इन्कार करत रहल बा। पाकिस्तान अब धीरे-धीरे भारत के हाथन भइल नुकसान के लोगन के सामने कबूल कs रहल बा। भारत के सैन्य बल हमला के अगिलके दिन ई जानकारी देले रहे कि ऊ पाकिस्तान के 8 सैनिक अड्डन के निशाना बनवले बा आ सब निशाना सटीक रहे।

फेर छेड़लें कश्मीर राग

पाकिस्तान के प्रधानमंत्री शहबाज शरीफ एक बेर फेर भारत के संगे वार्ता के गुहार लगवलें बाड़ें। हालांकि ऊ इहो जोड़लें कि कश्मीर सहित सब लंबित मुद्दन पs बात होखे के चाहीं। ऑपरेशन सिंदूर के बाद भारत के हमलन में मारल गइल पाकिस्तानी सैनिकन खातिर देस भर में आयोजित धन्यवाद दिवस (यौम ए तशाकुर) के मवका पs शहबाज कहलें, भारत आ पाकिस्तान तीन गो युद्ध लड़ल आ एकरा से कुछ हासिल ना भइल।

आतंकवाद से लड़े में हमनियो के पूरा सहजोग

प्रधानमंत्री कहलें, एकरा से इहे सबक मिलत बा कि शांतिप्रिय पड़ोसियन के तरे हमनी के जम्मू-कश्मीर सहित आपन लंबित मुद्दा के सुलझाई सs। एह मुद्दन के सुलझवले बिना दुनिया के एह हिस्सा में शांति ना आई। जदि शांति स्थापित होई तs आतंकवाद से लड़ें में हमनियो के पूरा सहजाेग दे सकत बानी सs।

पाकिस्तानी सेना के मारल गइल सैनिकन के तोपन के सलामी

शहबाज संघर्ष में साथ देवे खातिर अपना दोस्त देसन के धन्यवाद देलें आ संघर्ष विराम करवावे खातिर अमेरिकी राष्ट्रपति ट्रंप के खासतौर पs शुक्रिया कहलें। शहबाज एकरा संगही संगे धमकियो देलें जदि ओकरा सीमा के फेर से अतिक्रमण कइल गइल पाकिस्तान पूरा ताकत से जवाब दिही। धन्यवाद दिवस के मवका पs पाकिस्तानी सेना के मारल गइल सैनिकन के इस्लामाबाद में 31 आ राज्यन के राजधानी में 21 तोपन के सलामी दिहल गइल।

Read Also: Doha Diamond League 2025: 90 मीटर से जादे के थ्रो के बावजूद दूसरका स्थान पs रहलें नीरज, जर्मनी के जूलियन बनलें विजेता

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.