गोरखपुर में क्रिसमस पार्टी में महिलन से छेड़खानी: विरोध कइला पs 10-12 बदमाश परिवार के घर तक दउड़लें सs, गाड़ी नंबर के फोटो खिंच करावल ई FIR 

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 3, 2024

गोरखपुर में क्रिसमस पार्टी के दौरान एगो परिवार के महिलन संगे छेड़खानी के ममिला सामने आइल बा। पूरा परिवार क्रिसमस पार्टी करे कुस्मही जंगल इस्थित फॉरेस्ट क्लब गइल रहे। उहां चल रहल एगो आउर पार्टी

Share

गोरखपुर में क्रिसमस पार्टी के दौरान एगो परिवार के महिलन संगे छेड़खानी के ममिला सामने आइल बा। पूरा परिवार क्रिसमस पार्टी करे कुस्मही जंगल इस्थित फॉरेस्ट क्लब गइल रहे। उहां चल रहल एगो आउर पार्टी में आइल 10-12 जुवक महिलन के संगे छेड़खानी करे लागल।

जब परिवार पार्टी से बाहर निकलल तs मनबढ़ ने बहरियो परिवार के घेर लेले सs आ फेर ओह लोगन के गाड़ी के पीछा करे लागल। शोहदा कुस्मही जंगल से परिवार के पीछा करत गोरखनाथ इलाका के राजेंद्र नगर तक आइल। जब परिवार के कवनो अनहोनी के आशंका भइल तs एगो लईका शोहदन के कार के फोटो खिंच लेलस आ फेर पुलिस के सूचना दे देलस।

हालांकि, जइसही पुलिस पहुंचल ओकरा पहिले शोहदा उहां से भाग निकलले सs। बाद में पीड़ित एह ममिला में गाड़ी नंबर के आधार पs चिलुआताल थाना में केस दर्ज करवले बा। फिलहाल पुलिस केस दर्ज कs शोहदन के पहचान करे में जुटल बिया।

किसमस पार्टी में गइल रहे परिवार

दरअसल, चिलुआताल इलाका के इंडस्ट्रियल एरिया इस्थित स्प्रिंगर पब्लिक स्कूल के पास रहे वाला एगो व्यक्ति 25 दिसंबर के रात अपना परिवार संगे क्रिसमस पार्टी करे कुस्मही जंगल इस्थित फॉरेस्ट क्लब गइल रहे। ऊ लोग पुलिस के दिहल लिखित शिकायत में बतवले बा कि उहां चल रहल एगो आउर पार्टी में आइल 10-12 जुवक महिला लोगन के संगे छेड़खानी करे लागल। जब परिवार पार्टी से बाहर निकलल तs मनबढ़ बहरियो परिवार के घेर लेले सs आ फेर ओह लोगन के गाड़ी के पीछा करे लागल।

पुलिस आइल तs भाग निकलले सs शोहदा 

शोहदा कुस्मही जंगल से परिवार के पीछा करत गोरखनाथ इलाका के राजेंद्र नगर तक आइल। जब परिवार के कवनो अनहोनी के आशंका भइल तs एगो लईका शोहदन के कार के फोटो खिंच लेलस आ फेर पुलिस के सूचना दे देलस। हालांकि, जइसही पुलिस पहुंचल ओकरा पहिले शोहदे उहां से भाग निकलले सs। बाद में पीड़ित एह ममिला में गाड़ी नंबर के आधार पs चिलुआताल थाना में केस दर्ज करवले बा लो। फिलहाल पुलिस केस दर्ज कs के शोहदन के पहचान करे में जुटल बिया।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.