- बिहार: दरभंगा में टाटा सफारी सवार 4 लोगन पs ताबड़तोड़ फायरिंग; 2 के मवके पs भइल मौत, 2 गंभीर; आपराधिक इतिहास वाला अनिल सिंह के गइल जान।
- बिहार: बिहार में दु गो बड़ बैंक डकैती; शिवहर में गार्ड के गोली मारके 27 लाख के लूट, मोतिहारी में 18.71 लाख के लूट।
- उत्तर प्रदेश: लखनऊ कानपुर में IT के रेड; ज्वेलर्स आ बुलियन कबाड़ी रडार पs, अफसर बोलल लो- 48 से 72 घंटा तक चली छापेमारी।
- उत्तर प्रदेश: सीएम योगी सुनलें 700 लोगन के समस्या; बोललें- जरुरतमंदन के हर हाल में बनावल जाव आयुष्मान कार्ड, गंभीर बेमारियन के इलाज में दिहल जाई आर्थिक मदद।
- झारखंड: भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा के गिरिडीह दौरा; कहलें- हेमंत सरकार भ्रष्टाचार में लिप्त, इतिहास के सबसे बड़ घोटाला भइल।
- फास्टटैग से दुगुना भइल सरकार के कमाई: 5 साल में टोल कलेक्शन 22,820 करोड़ से 50,855 करोड़ पहुंचल। देस में 7.06 करोड़ गाडियन पs फास्टटैग, 2019 के मुकाबले 300 % ग्रोथ।
- भारते में बनी हमनी के लड़ाकू विमानन के इंजन: अमेरिका के GE एयरोस्पेस आ भारत के हिंदुस्तान एयरोनॉटिक्स लिमिटेड के बीच भइल समझौता, मोदी-बाइडेन ड्रोन सौदा के ऐलान करी लो।
- बंगाल गवर्नर चुनाव आयुक्त के नियुक्ति पत्र लवटवले: सिन्हा के दु बेर राजभवन बोलावल गइल, ना अइलें; TMC बोलल ई संविधान के खिलाफ। राजीव सिन्हा के भइल बा राज्य चुनाव आयुक्त के रूप में नियुक्ति।
- प्रधानमंत्री मोदी आज व्हाइट हाउस के स्टेट-डिनर में सामिल होखिहें: मेन्यू में बाजरा केक, समर स्क्वाश, भरवां मशरूम, जिल बाइडेन खुद संभार रहल बाड़ी तइयारियन के जिम्मा।
- बॉलीवुड एक्टर संजय दत्त किनलें क्रिकेट टीम: जिम्बाब्वे एफ्रो टी-10 लीग में हरारे हैरिकेंस के को-ऑनर बनलें, PSL के लाहौर कलंदरसो खरीदलस टीम।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jun 22, 2023
बिहार: दरभंगा में टाटा सफारी सवार 4 लोगन पs ताबड़तोड़ फायरिंग; 2 के मवके पs भइल मौत, 2 गंभीर; आपराधिक इतिहास वाला अनिल सिंह के गइल जान। बिहार: बिहार में दु गो बड़ बैंक डकैती;
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






