Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

458
  1. बिहार: खगड़िया में रील बना रहल दु दोस्त ट्रेन के चपेट में अइलें सs, तीसरका दोस्त पुल से कुदके बंचल, 15 मिनट पहिलही इंस्टा पs डलले रहे लोग रील।
  2. बिहार: इल्केश्न कमीशन के आइकॉन बनली मैथिली ठाकुर: लोकसभा चुनाव से पहिले बिहार में मतदाता जागरूकता अभियान चलइहें; पिछला महीना खादी आयोग बनवले रहे ब्रांड एंबेसडर।
  3. उत्तर प्रदेश: अखिलेश यादव के आखिरकार मिलिये गइल भारत जोड़ो यात्रा खातिर नेवता, राहुल के देले धन्यवाद; यात्रा में सामिल होइहें की ना एह पs बा सस्पेंस।
  4. उत्तर प्रदेश: निकाय चुनाव के लेके ओबीसी आरक्षण पs यूपी सरकार के याचिका मंजूर, सुप्रीम कोर्ट चार जनवरी के करी सुनवाई।
  5. झारखंड: रांची के चान्हो के सीओ जफर हसनात कइल गइलें सस्पेंड, स्पष्टीकरण उपलब्ध ना करावे के बा आरोप।
  6. SC 4:1 के बहुमत से नोटबंदी के सही ठहरवलस: एगो जज बोलली- ई ताकत के इस्तेमाल; जवना तरे एकरा के लागू कइल गइल, उ कानूनन सही नइखे, सभे 58 याचिका खारिज कइल गइल।
  7. कार लईकी के 12 किमी तक घसीटलस, मौत: AAP विधायक राखी बिड़लान के दावा- आरोपी भाजपा कार्यकर्ता; कोर्ट तीन दिन के पुलिस रिमांड पs भेजलस।
  8. पंजाब आ हरियाणा CM आवास के लगे जिंदा बम मिलल: तनिके दूर पs बा हेलीपैड, चंडीगढ़ में पुलिस इलाका के घेरलस, आर्मी बोलावल गइल।
  9. अफगान तालिबान के PAK के दु टूक: कहलस- अपना जमीन पs कवनो हमला बर्दाश्त ना कइल जाई, झूठ इल्जाम लगावल बंद करे पाकिस्तान। अफगानिस्तान-पाकिस्तान में बा सीमा के संगे आतंकी हमलन के लेके तनाव।
  10. WIPL मीडिया राइटस नीलामी में एक बेर फेर बरसी पईसा: 10 गो बिकल बा टेंडर डॉक्यूमेंट… डिजनी, सोनी आ वायकॉम जइसन दिग्गज मैदान में।
428780cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.