02 मई 2025 के राशिफल

Anurag Ranjan
राशिफल

 दिनांक- 02/05/2025
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

बैशाख शुक्ल पक्ष 

तिथि- पंचमी 

दिन के 09 बजके 14 मिनट ले,

ओकरा बाद षष्ठी।

दिन- सुक।

आद्रा नक्षत्र

दिन के 01 बजके 04 मिनट ले,

ओकरा बाद पुनर्वसु नक्षत्र।

धृति जोग

रात के 03 बजके 19 मिनट ले,

ओकरा बाद शूल जोग।

बालव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 03/05/2025

बैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि- षष्ठी

दिन के 07 बजके 52 मिनट ले।

दिन- सनीचर।

पुनर्वसु नक्षत्र

दिन के 12 बजके 34 मिनट ले।

शूल जोग

 दिन के 01 बजके 40 मिनट ले।

तैतिल करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज रउआ कुछ नया संघतिया बनावे में कामयाब रहेम। राजनीति में कार्यरत लोगन के कवनो बड़ उपलब्धि हासिल हो सकत बा। राउर कुछ प्रभावशाली लोगन से मुलाकात होई। रउआ पढ़ाई-लिखाई के लेके तनिको लापरवाही नइखे करे के। राउर कवनो पुरान गलती से परदा उठ सकत बा। माई-बाबूजी के सेवा खातिर रउआ कुछ समय निकालेम। रउआ कवनो काम के निपटावे में समस्या आ सकत बा आ केहू से उधार के लेनदेन मत करीं।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज रउआ भाग्य के पूरा लाभ मिली। सरकारी योजना में रउआ इन्वेस्टमेंट तनिका सोच समझ के करीं, तs रउआ खातिर बेहतर रही। रउआ वाहनन के प्रयोग से सावधान रहे के होई आ बिना मतलब कवनो बात के लेके क्रोध मत करीं। जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य रउआ भरपूर मात्रा में मिली। राउर कवनो मन के इच्छा पूरा हो सकत बा। रउआ आपन इनकम के बढ़ावे के सोर्स पs पूरा नजर रखीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर सूझबूझ दिखाके कामन के पूरा करे खातिर रही। रउआ कवनो काम के भाग्य के भरोसे मत छोड़ीं, तs राउर उहो काम पूरा हो सकत बा। रउआ एक के बाद एक सुभ सूचना सुने के मिली। राउर कवनो बड़ लक्ष्य पूरा हो सकत बा। रउआ कवनो लमहर दूरी के जतरा पs जाये के योजना बना सकत बानी। माताजी के कवनो पुरान रोग उभरला से जादे खर्च होई। ससुराल पक्ष के कवनो व्यक्ति से रउआ धन उधार मिलता दिख रहल बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ मन में परस्पर सहजोग के भावना बनल रही। रउआ अपना आत्मविश्वास के मजबूत कs के कामन के करे के होई। रउआ आपन डेली रूटीन के बना के रखीं आ अपना आलस्य के कारण रउआ अपना कामन में कवनो लापरवाही मत करीं। जदि कवनो जतरा पs जाईं, तs ओमे रउआ वाहनन के प्रयोग सावधानी से करे के होई। रउआ वाणी आर बेवहार से लोगन के दिल जीते में कामयाब रहेम। रउआ कवनो पुरान गलती से सबक लेवे के होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर सकारात्मक परिणाम लेके आई। रउआ जदि कार्यक्षेत्र में कवनो जिम्मेदारी मिली, तs रउआ ओकरा के समय से पूरा करे के कोसिस करेम। रउआ अपना कवनो संपत्ति संबंधित ममिला में कानून के चक्कर काटे के पड़ सकत बा। राउर कवनो प्रिय वस्तु जदि खो गइल रहे, तs ओकरा मिले के पूरी संभावना बा। दीर्घकालीन योजनन के गति मिली। राउर नेतृत्व क्षमता बढ़ी। रउआ अपना जरूरी कामन के काल्ह पs मत टालीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर मध्यम रूप से फलदायक रहे वाला बा। रउआ आवेश में आके कवनो निवेश मत करीं। रउआ अपना खर्चन के लेके बजट बनाके चलीं, तs रउआ खातिर बेहतर रही। राउर निर्णय लेवे के क्षमता बेहतर रही। परिवार में कवनो नया मेहमान के आगमन हो सकत बा। राउर धार्मिक कामन में बहुते रुचि रही। रउआ दान-पुण्य के कामन में अच्छा खासा धन लगाएम। विद्यार्थियन के उच्च शिक्षा के मार्ग प्रशस्त होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर अनुकूल रहे वाला बा। आधुनिक विषयन में राउर खूब रुचि रही। रउआ अपना कला आ कौशल से अच्छा मुकाम हासिल कs सकत बानी। प्रतिस्पर्धा के भाव राउर मन में बनल रही। राउर विरोधी सक्रिय रही लो, जे रउआ के परेसान करे के कोसिस करी लो। रउआ कवनो पुरान गलती से सबक लेवे के होई। रउआ बड़ लोगन के बातन के ध्यान देके सुने के होई। राउर कवनो बात के लेके मन परेसान रही। परिवार में कवनो सदस्य के नौकरी के लेके कहीं बाहर जाये के पड़ सकत बा। 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर मौज-मस्ती से भरल रहे वाला बा। राउर संघतियन से खूब पटी। व्यक्तिगत विषयन के बढ़ावा मिली। रउआ अपना आय आ व्यय में तालमेल बनाके चलीं, तs रउआ खातिर बेहतर रही। राउर आर्थिक स्थिति मजबूत होई। पैतृक संपत्ति संबंधित ममिला में जीत मिली। भौतिक वस्तुअन के प्राप्ति हो सकत बा। रउआ आवेश में आके कवनो निर्णय मत लीं। बेयपार कs रहल लोगन के कवनो खुशखबरी सुने के मिली।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन राउर सेहत के लिहाज से कमजोर रहे वाला बा। सेहत में उतार-चढ़ाव रहला से रउआ परेसान रहेम। रउआ अपना आलस्य के कारण कामन में लापरवाही नइखे बरते के। रउआ कवनो पुरान गलती से सबक लेवे के होई। राउर बॉस राउर कइल गइल कामन से खुस रहिहें आ राउर सुझावो उनका खूब काम आईं। राउर कुछ नया कोसिस रंग लाई। राउर कवनो बात से आज माताजी परेसान हो सकत बानी। 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर मिश्रित रूप से फलदायक रहे वाला बा। परिवार में कवनो सुभ आ मांगलिक कार्यक्रम के आयोजन हो सकत बा। भाई-बहिनन के रउआ से खूब पटी, बाकिर रउआ कवनो नुकसान होखे से राउर मन परेसान रही। रउआ केहू से मांगके वाहन मत चलाईं, ना तs कवनो दुर्घटना हो सकत बा।। रक्त संबंधी रिश्तन में मजबूती आई। रउआ घरे कवनो अतिथि के आगमन हो सकता बा। राउर कवनो नया काम के सुरुआत कइल अच्छा रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर तरक्की से आगे बढ़ने खातिर रही। विद्यार्थी अपना कामन में कवनो बदलाव कs सकत बा लो। कार्यक्षेत्र में रउआ कवनो पुरस्कार मिलला से राउर मन खुस रही। राउर संतान राउर उम्मीदन पs खरा उतरी। नौकरी के तलाश में एने-ओने भटक रहल नवहन के कवनो बेहतर अवसर हाथ लागी। रउआ केहू दूसरा के ममिला में बेवजह बोलल भारी पड़ी। रउआ लोगन से काम से काम ला मतलब रखीं, तs रउआ खातिर बेहतर रही।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन बिजनेस कs रहल लोगन खातिर सावधानी बरते खातिर रही। रउआ कवनो बात के लेके बहसबाजी में मत पड़ी। रउआ पारिवारिक ममिलन के धैर्य आ साहस से निपटे के कोसिस करे के होई। नया नौकरी खातिर राउर प्रयास बेहतर रही। कवनो सरकारी काम में रउआ ओकर नीति नियमन पs पूरा ध्यान देवे के होई, तs रउआ घूमे-फिरे के योजना बना सकत बानी। विद्यार्थियन के बौद्धिक आ मानसिक बोझ से छुटकारा मिली।

Read Also: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ पहिलकी मेहरारू के छोड़ फेर बदलले धर्म, अइसन रहे धर्मेंद्र आ हेमा के Love story

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment