Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

26 अप्रिल 2022 के राशिफल

209
सीवान इन्शुरेंस 720 90

दिनांक- 26/04/2022
श्री गणेशाय नमः 

आज के पंचांग

 वैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि-एकादशी

रात के 02 बजके 04 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वादशी।

दिन-मंगर।

शतभिष नक्षत्र

साँझ के 06 बजके 30 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वाभाद्रपद नक्षत्र।

ब्रह्म जोग

रात में 08 बजके 41 मिनट ले,

ओकरा बाद एन्द्र जोग।

वव करण।

वरुथिनी एकादशी व्रत सर्वेषाम्,

श्री वल्लभाचार्य जयंती।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 27/04/2022

वैशाख कृष्ण पक्ष

तिथि-द्वादशी

रात में 01 बजके 06 मिनट ले।

दिन-बुध।

पूर्वभाद्रपद नक्षत्र

साँझ के 06 बजके 05 मिनट ले।

एन्द्र जोग

 साँझ के 06 बजके 45 मिनट ले।

कौलव करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी सुरू हो सकेला। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। शिक्षा में बढ़न्ती होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

अचके कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जतरा के संजोग बन रहल बा।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। चोट चपेट अस इस्तिथी बन सकत बा। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

बेवसाय में लाभ होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान दीं। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो नाया काम के योजना बनी। संघतिया के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कवनो अइसन आदमी से भेंट होई जे रउआ ला हित करी। नौकरी के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। बहुत उमेद के काम पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान दीं। लईकन के स्वास्थ पs खास धेयान दीं। बेवसायिक ममिला आगा बढ़ी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम में सफलता मिली। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। चोट लागे के संभावना बन सकत बा। भाग-दउर रही। जतरा के संजोग बनी। अचके कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। पारिवारिक जिम्मेवारी पूरा होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सामाजिक काम में सफलता मिली। जतरा के संजोग बन रहल बा। चोट चपेट अस इस्तिथी बन सकत बा। भाग-दउर रही। कवनो काम के पूरा होखला से आत्म विस्वास बढ़ी। अचके कुछ लाभ मिली। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के लेके चिंता रही। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी, जतरा के संजोग बनी। सावधानी बरतीं।
245290cookie-check26 अप्रिल 2022 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.