[the_ad_group id="30365"]

छपरा में भीषण हादसा, तेज रफ्तार पिकअप चार लोग के रउदलस, दु के मौत, उग्र भीड़ कइलस रोड जाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Road Accident in Bihar: सारण जिला के पानापुर प्रखंड में तेज रफ्तार पिकअप चार लोगन के रउद देलस जेमे दु लोग के मौत घटनास्थले पs हो गइल ओहिज, दु लोग के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा। ई घटना सुक के देर रात के हs। बतावल जा रहल बा कि सुक के रात पानापुर में मवेशी चोर चोरी के फिराक में रहले सs, तबे ग्रामीणों लोग हो-हल्ला करत चोरन के पकड़े खातिर पीछा कइल लो। एही दौरान तेज रफ्तार पिकअप चार लोग के रउद देलस। घटना स्थल पs दु लोग दम तोड़ दिहल। ओहिजा, दु लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल बा। घायलन के ग्रामीण लोग इलाज खातिर तुरंत अस्पताल पहुंचावल।

घटना में दु लोग के मौत

मृतकन के पहचान पानापुर थाना क्षेत्र के बेलौर गांव निवासी नासमुन बीबी पति समसुद्दीन मिया आ तमसुद्दीन मिया पिता इस्लाम मिया के रूप में भइल। जबकि घायलन के पहचान ओही परिवार के मो. हुसैन पिता मियालत मिया आ रेशमा खातून पिता मियालत मिया के रूप में भइल बा। लोग बतावल कि सुक के देर रात बेलौर गांव में एगो पिकअप के लगे चार लोग संदिग्ध रूप से देखल गइल। ग्रामीण लोग मवेशी चोर के शक में हो- हल्ला करे लागल। एकरा बाद पिकअप चालक आउर साथियन के संगे भागे लागल। भगला के दौरान चालक ग्रामीणन के रउद देलस जवना से दु लोग के मौत हो गइल।

उग्र भीड़ कइलस सड़क जाम

दुर्घटना के बाद पिकअप अनियंत्रित होके गाछ से टकरा गइल। एकरा बाद ग्रामीण लोग चालक के पकड़ के पिटाई करत पुलिस के सउप दिहल। घटना के बाद सनीचर के सबेरे स्थानीय लोगन के भीड़ जुट गइल। एकरा बाद उग्र भीड़ सड़क जाम कs के आगजनी करे लागल। जवना से दुनो तरफ गाड़ियन के लमहर कतार लाग गइल। मौका पs पानापुर, तरैया, मशरख के पुलिस बल पहुंचके कवनो तरे जाम हटवावल। लोगन के कहनाम रहे कि सारण जिला में मवेशी चोरन के आतंक बढ़ गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]