Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

MLC सच्चिदानंद राय महराजगंज से लड़िहें चुनाव : भूमिहार जाती के हवे मजबूत चेहरा, BJP से बागी बन जीतल बाड़ें एमएलसी के चुनाव

338

2024 लोकसभा चुनाव के लेके सब प्रत्याशी मैदान में उतरे लागल बा लो। एही क्रम में महराजगंज लोकसभा से विधान पार्षद सच्चिदानंद राय ताल ठोक देले बाड़ें। MLC सच्चिदानंद राय पटना स्थित आवास पs बियफे के प्रेस कॉन्फ्रेंस करत चुनाव लड़े के घोषणा कइलें।

MLC सच्चिदानंद राय सारण स्थानीय निकाय से विधान पार्षद बाड़ें। सच्चिदानंद राय के चुनाव लड़ला से महराजगंज के चुनाव त्रिकोणीय हो गइला के संभावना बा। ऊ सारण स्थानीय निकाय से दु बेर MLC पद पs निर्वाचित भइल बाड़ें। पहिला बेर NDA से समर्थित भाजपा प्रत्याशी रहल रहस। हालांकि, दूसरका कार्यकाल के चुनाव के समय भाजपा समर्थन ना देलस। निर्दलीय प्रत्याशी के रूप में चुनाव लड़त विजयी हासिल कइले रहे। एह दिनन जनसुराज पार्टी में ऊ सक्रिय बाड़ें।

महराजगंज के जनता बदलाव चाहत बिया

प्रेस कॉन्फ्रेंस के दौरान ऊ बतवलें कि महराजगंज के जनता बदलाव चाहत बिया। राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन से भाजपा कावर से प्रत्याशी घोषित कइल गइला के बाद जनता इंडिया गठबंधन के तरफ आस लगाके देख रहल बिया। इंडिया गठबंधन में ई सीट कांग्रेस के खाते में चल गइल बा। बाकिर लमहर समय के बादो कांग्रेस प्रत्याशी घोषित ना कइल गइला के बाद स्थानीय लोगन कावर से दबाव बनाके हमरा  के चुनाव लड़े खातिर बोलल गइल।

महराजगंज के जनता स्थानीय प्रत्याशी चाह रहल बिया। जनता के आग्रह पs हम चुनाव लड़े के मन बनवले बानी। जेतना मृत्यु सत्य बा ओतनही हमार चुनाव लड़ल सत्य बा।

भूमिहार जाती के मजबूत चेहरा सच्चिदानंद राय

बतावत चलीं कि विधान पार्षद चुनाव में भाजपा से टिकट कटला के बाद बागी रुख अख्तियार करत भाजपा के विरोध में चुनाव लड़े के ऐलान कs देले रहस। MLC चुनाव जीतला के संगही महराजगंज से लोकसभा प्रत्याशी उतरे के ऐलान कs देले रहस। सच्चिदानंद राय महराजगंज लोकसभा में भूमिहार जाती के मजबूत चेहरा के रूप में मानल जाले।

788710cookie-checkMLC सच्चिदानंद राय महराजगंज से लड़िहें चुनाव : भूमिहार जाती के हवे मजबूत चेहरा, BJP से बागी बन जीतल बाड़ें एमएलसी के चुनाव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.