[the_ad_group id="30365"]

फारूक अब्दुल्ला के ED के समन: मनी लॉन्ड्रिंग केस में आज पूछताछ खातिर बोलवलस; जम्मू-कश्मीर क्रिकेट एसोसिएशन के फंड में हेरफेर के ममिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ED जम्मू-कश्मीर के पूर्व मुख्यमंत्री आ नेशनल कॉन्फ्रेंस के नेता फारूक अब्दुल्ला के मनी लॉन्ड्रिंग के एगो ममिला में समन भेजले बा। जांच एजेंसी फारूक के बियफे (11 जनवरी) के श्रीनगर में पूछताछ खातिर बोलवले बा।

ED जम्मू-कश्मीर क्रिकेट एसोसिएशन (JKCA) के फंड में अनियमिततन के लेके ई कार्रवाई कइल गइल बा। ED आ CBI दुनो एह ममिला के जांच कs रहल बा। ED एह ममिला में साल 2022 में चार्जशीट दायर कइले रहे। फारूक से एह ममिला में पहिलहू पूछताछ हो चुकल बा।

एकरा मोताबिक, 86 साल के फारूक अब्दुल्ला 2001 से 2012 तक JKCA के अध्यक्ष रहलें। 2004 आ 2009 के बीच JKCA के अधिकारियन सहित कइयन लोग क्रिकेट एसोसिएशन के फंड के अपना पर्सनल बैंक अकाउंट में ट्रांसफर कइले रहस।

ED एसोसिएशन के अधिकारियन के खिलाफ CBI के ओर से 2018 में दायर चार्जशीट के आधार पs जांच सुरू कइले  रहे। फारूक पs आरोप बा कि ऊ एसोसिएशन के अध्यक्ष के रूप में अपना पद के दुरुपयोग कइलें। ऊ JKCA में कइयन गो नियुक्ति कइलें, ताकि BCCI के स्पॉन्सर्ड फंड में हेरफेर कइल जा सके।

2015 में JKCA में घोटाला के जांच CBI के हवाले के गइल रहे

जम्मू-कश्मीर क्रिकेट एसोसिएशन (JKCA) में करीब 113 करोड़ रुपिया के वित्तीय अनियमितता के शिकायत कइल गइल रहे। आरोप लगवाल गइल कि ई रकम एसोसिएशन के पदाधिकारी आपस में बांट लेलस लो। 2015 में जम्मू-कश्मीर हाईकोर्ट क्रिकेट घोटाला के जांच CBI के हवाला कइलें। 11 जुलाई 2018 में CBI के FIR के आधार पs ED मनी लॉन्ड्रिंग के ममिला दर्ज करत जांच सुरू कइलस।

एह ममिला में पूर्व मुख्यमंत्री फारूक अब्दुल्ला, सलीम खान आ अहसान अहमद मिर्जा मुख्य आरोपी बा लो। एजेंसी सितंबर 2019 में JKCA के तत्कालीन कोषाध्यक्ष अहसान अहमद मिर्जा के गिरफ्तार कइले रहे। ओकरा खिलाफ केस चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]