[the_ad_group id="30365"]

मालगाड़ी के तीन वैगन बेपटरी: धनबाद-PDDU रूट बाधित, सात ट्रेनन के रूट बदलल, आसनसोल वाराणसी मेमू स्पेशल रद्द

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हावड़ा दिल्ली रूट पs धनबाद मंडल के कोडरमा-गया रेलखंड के बीच टनकुप्पा स्टेशन पs मंगर के भोर में सवा तीन बजे प्वाइंट संख्या 51/AB अप लाइन पs मालगाड़ी के तीन वैगन बेपटरी हो गइल। मालगाड़ी बेपटरी होखला से धनबाद पीडीडीयू रूट बाधित हो गइल। अप लाइन बाधित होखला से पीडीडीयू आवे वाला सात ट्रेनन के पटना के रास्ते चलावल गइल। इहे ना आसनसोल वाराणसी मेमू स्पेशल के रद्द कs दिहल गइल बा।

आसनसोल से कोयला लेके मालगाड़ी पंडित दीनदयाल जंक्शन के ओर आवत रहे। ट्रेन कोडरमा से आगे बढ़ले रहे आ टनकुप्पा स्टेशन पहुंचल रहे कि मालगाड़ी के तीन वैगन बेपटरी हो गइल। एहसे अप लाइन बाधित हो गइल आ पीडीडीयू के और आवे वाली ट्रेंन जहाँ तहां खड़ा हो गइली सs। मवका पs गोमो आ गया से दुर्घटना राहत यान पहुंच गइल। अधिकारियन के टीम मवका पs पहुँच गइल।

लाइन बाधित होखला के कारण एह रूट के अप हावड़ा- योगनगरी ऋषिकेष दून एक्सप्रेस, हावड़ा- कालका मेल, हावड़ा- गाँधीधाम एक्सप्रेस, राँची-आनंद विहार टर्मिनस एक्सप्रेस, हावड़ा- बीकानेर एक्सप्रेस, हावड़ा-छत्रपति महाराज शिवाजी टर्मिनस एक्सप्रेस, सियालदह-अजमेर सुपर फास्ट एक्सप्रेस को नेताजी सुभाष चंद्र बोस गोमो-धनबाद- प्रधान खंटा- कुलटी- झाझा-पटना-पंडत दीन दयाल उपाध्याय जं. के रास्ते चलावल गइल। ओहिजा धनबाद-डेहरी ऑन सोन- धनबाद इंटससिटी आ आसनसोल- वाराणसी एक्सप्रेस के रद्द कs दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]