कश्मीर के पहलगाम शहर का लगे ‘मिनी स्विट्जरलैंड’ के नाम से जानल जाए वाला पर्यटन स्थल बैसारन घाटी में मंगल के दिने भइल आतंकी हमला में 26 लोग के मउत हो गइल. मरे वाला में से अधिकांश पर्यटक रहले। साल 2019 में पुलवामा हमला के बाद घाटी में इs सबसे बड़ हमला बा।
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सऊदी अरब के दौरा के बीच में छोड़ के लवट आइल बाड़न. उs खुद एयरपोर्ट पs पहलगाम हमला के लेके बैठक कईले। पीएम मोदी आजु सुरक्षा पs कैबिनेट कमेटी यानी सीसीएस के बइठक भी करीहें। एही बीच आतंकी हमला में मरेवाला लोग के पूरा सूची जारी कs दिहल गईल बा। पहलगाम में भइल आतंकी हमला में 26 लोग के मउत हो गइल बा जबकि 13 लोग घवाहिल हो गइल बा. एहमें अलग अलग राज्य के लोग शामिल बा. सबसे जादा पर्यटक महाराष्ट्र से आवेले। मरेवाला में एगो कश्मीरी भी शामिल बाड़े।
हमला में लोग के मउत-
पहलगाम आतंकी हमला में महाराष्ट्र के 6 पर्यटक शहीद
कर्नाटक के 3 आ गुजरात के 3 पर्यटकन के मउत हो गइल
पश्चिम बंगाल के 2 आ यूपी के 1 पर्यटक के मउत हो गईल
बिहार, यूपी, JK, ओडिशा आ एमपी से 1-1 पर्यटक के मउत हो गइल
नेपाल आ यूएई के एक-एक नागरिक के मउत हो गईल
घायलन के नाव-
वीनी भाई- गुजरात
मानिक पटेल
रिनो पांडे
एस बालचंद्रू- महाराष्ट्र
डॉ परमेश्वरम- तमिलनाडु
अभिजवम राव- कर्नाटक
संत्रू आगे- तमिलनाडु
शशि कुमारी- ओडिशा
बालचंद्रा- तमिलनाडु
शोभित पटेल- मुंबई

4 आतंकी हमला कइले, 2 के पहचान हो चुकल बा
पुलिस सूत्र के मुताबिक हमला चार आतंकी कईले बाड़े, जवना में से दु आतंकी के पहचान हो चुकल बा। एगो आतंकी आदिल गुरी हवे जेकर फोटो भी सामने आइल बा। आदिल गुरी 2018 में पाकिस्तान से लवटल रहले, दूसरा आतंकी के पहचान आसिफ शेख के रूप में भईल बा। एह दुनु जने के साथे दू गो अउरी आतंकी एह हमला में शामिल रहले… दुनु पाकिस्तानी हउवें.
बहुत पर्यटक पैंट उतरवले
लश्कर से जुड़ल आतंकी संगठन द रेजिस्टेंस फ्रंट (टीआरएफ) एह हमला के जिम्मेदारी ले लिहले बा. पहलगाम में इs आतंकवादी जवना तरह के बर्बरता देखवले बाड़े, ओकरा से पूरा देश नाराज बा। आतंकवादी पहिले आपन नाव आ धर्म पूछले आ जब अबहियों शंका रहे तs पर्यटकन से पैंट उतार के एह बात के पुष्टि करवले कि ऊ लोग गैर मुसलमान हs कि ना.
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: करीं इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल हाइट