[the_ad_group id="30365"]

फतेहपुर में 180 साल पुरान नूरी जामा मस्जिद पs चलल बुलडोजर, अवैध हिस्सा के कइलस जमींदोज

नूरी जामा मस्जिद पs चलल बुलडोजर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फतेहपुर : उत्तर प्रदेश के फतेहपुर जिला के 180 साल पुरान नूरी जामा मस्जिद के बुलडोजर चला दिहल गईल। नूरी जामा मस्जिद के अवैध हिस्सा के बुलडोजर से उखाड़ के जमींदोज कइल जाता। पीडब्ल्यूडी विभाग एक महीना पहिले मस्जिद गिरावे के नोटिस देले रहे। ललौली कस्बा के बांदा सागर मार्ग पs बनल रहे।

हाई कोर्ट में होखे के रहे सुनवाई
जानकारी के मुताबिक मस्जिद के ओर से हाईकोर्ट में भी याचिका दायर भईल। सुनवाई 13 दिसंबर के हाईकोर्ट में होखे वाला रहे। मस्जिद के कोर्ट से कवनो रोक के आदेश ना मिलल रहे। प्रशासन के ओर से इलाका में भारी पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा। ड्रोन के माध्यम से इलाका के निगरानी कईल जाता। बतावल जाता कि इलाका में भारी पुलिस बल के तैनाती के चलते स्थानीय लोग घर से बहरी ले नईखन आ पावत। वर्तमान में इलाका में शांति बा। 

एनएच के चौड़ा कइल जाई

बता दीं कि नेशनल हाईवे-335 के चौड़ा कइल जा रहल बा. एनएच के चौड़ाई के तहत मस्जिद के एगो अवैध हिस्सा आवत रहे। पीडब्ल्यूडी भी मस्जिद के अवैध हिस्सा हटावे के नोटिस देले रहे। मस्जिद हाईकोर्ट के सुनवाई 6 दिसंबर के तय कईल गईल। बाकिर एह सुनवाई के टार के कोर्ट 13 दिसंबर के तारीख दे दिहलस. चूंकि रोके के आदेश ना रहे एहसे आजु पीडब्ल्यूडी आपन अवैध हिस्सा गिरा दिहलस.

इहो पढ़ीं :Geeta Jayanti 2024: 11 दिसंबर के मनावल जाई गीता जयंती

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]