[the_ad_group id="30365"]

बंगाल में हिंसक विरोध प्रदर्शन, आगजनी अवुरी पत्थरबाजी, तीन दिन तक बंद रही इंटरनेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पैगम्बर मोहम्मद के लेके भाजपा के दुगो पूर्व नेता के ओर से कईल गईल टिप्पणी के खिलाफ शुक्रवार के पश्चिम बंगाल में भयंकर हंगामा मच गईल। हावड़ा में प्रदर्शनकारी पुलिस वैन अवुरी पुलिस बूथ के जरा दिहले। हावड़ा जिला में सैकड़ों प्रदर्शनकारी सड़क जाम क दिहले। जानकारी के मुताबिक धुलागढ़, पांचला अवुरी उलुबेरिया में प्रदर्शनकारी पुलिस से भिड़ गईले। प्रदर्शनकारी नेशनल हाईवे 6 के नाकाबंदी करे के कोशिश करत रहले। जब पुलिस वाला ओकरा के खोले खातिर हाथ बढ़वले त मारपीट शुरू हो गईले। मौका प मौजूद प्रदर्शनकारी मांग कईले कि, भाजपा के दुगो पूर्व नेता के धार्मिक भावना के आहत करेवाला टिप्पणी खाती तुरंत गिरफ्तार क लिहल जाए।

पुलिस अधिकारी बतवले कि धुलागढ़ अवुरी पांचला में भीड़ के तितर-बितर करे खाती पुलिस के लाठी-चार्ज करे के पड़ल। एकरा जवाब में प्रदर्शनकारी एकरा जवाब में पथराव कईले। पास में खड़ा गाड़ी के नुकसान पहुंचल बा। दक्षिण पूर्वी रेलवे के एगो अधिकारी बतवले कि प्रदर्शनकारी दुपहरिया 1:22 बजे हावड़ा-खरगपुर खंड प फुलेश्वर अवुरी चेंगईल स्टेशन के बीच के पटरी के भी जाम क देले।

बंगाल इमाम एसोसिएशन के अध्यक्ष मोहम्मद याहिया कहले कि, संगठन भाजपा के दुनो पूर्व नेता के गिरफ्तारी के मांग करत राज्य भर के मस्जिद के भीतर प्रदर्शन करे के आह्वान कईले बिया। उ कहले कि सड़क जाम करेवाला लोग के खिलाफ कार्रवाई करे खाती प्रशासन स्वतंत्र बा। पैगम्बर पर कइल गइल टिप्पणी पर मुस्लिम देशन के तीखा प्रतिक्रिया का बाद भाजपा 5 जून के नूपुर शर्मा के निलंबित कर दिहले रहुवे आ पार्टी से निकाल दिहले रहुवे.

रेल यातायात भी प्रभावित भइल

निलंबित भाजपा नेता नूपुर शर्मा अवुरी निष्कासित नेता नवीन जिंदल के विवादित बयान के खिलाफ हावड़ा-खरगपुर रेल मार्ग के दसनगर रेलवे स्टेशन प लोग प्रदर्शन कईले। हावड़ा-खरगपुर रेल मार्ग पर चलत विरोध प्रदर्शन का चलते संतरागाछी रेलवे स्टेशन पर आवागमन करे वालन के परेशानी हो रहल बा.

तीन दिन खातिर इंटरनेट बंद रही

नुपुर शर्मा के खिलाफ होखत हिंसक विरोध प्रदर्शन के देखत हावड़ा जिला में तीन दिन से इंटरनेट बंद क दिहल बा। जानकारी के मुताबिक इ प्रतिबंध 13 जून के सबेरे 6 बजे तक लागू रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]