[the_ad_group id="30365"]

बिहार विधान परिषद के आज मिली नया सभापति, ‘बिहार दिवस’ के सुरूआत करे वाला एह नेता के सीएम चुनले पद के जोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

PATNA : बिहार विधान परिषद के आज ओकर स्थायी सभापति मिल जाई। वर्तमान में प्रभारी सभापति के तौर पs काम कs रहल अवधेश नारायण सिंह के जगे तिरहुत स्नातक निर्वाचन क्षेत्र से निर्वाचित विधान पार्षद देवेश चंद्रठाकुर बियफे के विधिवत विधान परिषद के सभापति निर्वाचित होइहें। बुध के उनका नाम पs अधिकारिक मुहर लाग गइल। सीएम नीतीश कुमार खुद उनकर प्रस्तावक बनले। जबकि, पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी अनुमोदक बनली। जेकरा बाद ठाकुर आपन नामांकन पत्र दाखिल कइलें। देवेश चंद्र ठाकुर राजनीति के संगे बिहार के उद्योगजगत में बड़ नाम मानल जाले। बिहार के स्थापना दिवस पs बिहार दिवस मनावे के सुझाव उहे देले रहस।

निर्विरोध होई निर्वाचन

सीएम नीतीश के प्रस्ताव के बाद रामचंद्र पूर्वे के प्रस्ताव आ डॉ. कुमुद वर्मा के अनुमोदन, केदारनाथ पांडेय के प्रस्ताव आ गुलाम गौस के अनुमोदन, डॉ. मदन मोहन झा के प्रस्ताव आ रामबली सिंह के अनुमोदन आ रीना देवी के प्रस्ताव आ संजीव श्याम सिंह के अनुमोदन के साथे 5 मनोनयन दाखिल कइल गइल। विपक्ष के तरफ से कवनो नामांकन ना कइल गइल। एहिसे देवेश चंद्र ठाकुर निर्विरोध निर्वाचित होइहें।

नामांकन के समय जेडीयूके राष्ट्रीय अध्यक्ष राजीव रंजन सिंह उर्फ ललन सिंह, उप मुख्यमंत्री तेजस्वी प्रसाद यादव, संसदीय कार्य मंत्री विजय कुमार चौधरी, तेजप्रताप यादव, श्रवण कुमार, अशोक चौधरी, जमा खान, विधान पार्षद राम वचन राय, उपेंद्र कुशवाहा, मुन्नी देवी, संजीव सिंह, संजय सिंह, संजय गांधी, वीरेंद्र नारायण यादव, ललन शर्राफ, प्रेमचंद्र मिश्रा के अलावे कार्यकारी सचिव विनोद कुमार, निदेशक कमलेंदु सिंह, उप सचिव विश्वजीत सिन्हा मौजूद रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]