[the_ad_group id="30365"]

कोलकाता रेप-मर्डर केस: आज बंद रही देश भर के अस्पताल, 24 घंटा खातीर डॉक्टरन के हड़ताल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

नई दिल्ली : भारतीय मेडिकल एसोसिएशन देश भर के सभ छोट-बड़ अस्पताल के 17 अगस्त के बंद करे के घोषणा कईले बिया। एकरा बारे में जानकारी देत ​​आईएमए यानी इंडियन मेडिकल एसोसिएशन के राष्ट्रीय अध्यक्ष आरवी अशोकन कहले कि डॉक्टर 24 घंटा ले हड़ताल पs रहीहे। उs बतवले कि शनिचर के सबेरे 6 बजे से हड़ताल शुरू हो गइल बा, जवन कि अगिला दिन सबेरे 6 बजे ले चली। एह दौरान आपातकालीन सेवा चालू रही बाकिर ओपीडी समेत दोसर सेवा बंद रही. हम बता दीं कि कोलकाता के आर. जी. कर मेडिकल कॉलेज एंड हॉस्पिटल में एगो प्रशिक्षु डाक्टर के बलात्कार आ हत्या के घटना के विरोध में देश भर के डाक्टर नाराज बाड़े आ एह क्रम में शनिचर के दिने ऊ लोग हड़ताल करिहें.

सीबीआई के जांच रिपोर्ट के इंतजार बा

अशोकन बतवले कि जवना लईकी के संगे इs घटना भईल उs एगो मध्यम वर्गीय परिवार के एकलौता संतान रहे। उs कहले कि एs घटना के एक आदमी ना अंजाम देलस, एकरा में बहुत लोग शामिल रहले। उनुकर हत्या के तरीका बतावे खातीर हमरा लगे शब्द नईखे। इs मानवता के खिलाफ भईल अपराध हs। इs काम के जगह पs महिला के सुरक्षा के मुद्दा से जुड़ल बा। डॉक्टर आ नर्स के चिंता बा कि अस्पताल में उs लोग सुरक्षित नईखी, परिवार के लोग भी चिंतित बाड़े। सीबीआई के जांच रिपोर्ट के इंतजार बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]