[the_ad_group id="30365"]

बिहार: नेता प्रतिपक्ष सम्राट चौधरी के मां के निधन, खुद विधायक रह चुकल रहली मृत पार्वती देवी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धर्मेंद्र कुमार सिंह। विधानपरिषद में विपक्ष के नेता सम्राट चौधरी के मां के निधन हो गइल बा। उनकर निधन मुंगेर के तारापुर के लखनपुर गांव में भइल। पार्वती देवी तारापुर के पूर्व विधायक रहली। उनकर पति शकुनी चौधरी तारापुर के प्रतिनिधित्व कइलें आ बिहार सरकार में मंत्री रहलें। पूर्व विधायक के बेटा सम्राट चौधरियो बिहार में सरकार में मंत्री रह चुकल बाड़े।

पूर्व विधायक अपना लखनुपर स्तिथ आवास पs सनीचर के देर रात अंतिम सांस लेली। उनकर निधन के खबर मिलतही उनका के चाहे वाला लोगन में शोक के लहर दउर गइल। अतवार के भोरही से स्व० पार्वती देवी के पार्थिव देह के अंतिम दर्शन खातिर रिश्तेदार, गणमान्य लोग आ उनका के चाहे वाला लोगन के भीड़ उमड़ पड़ल। पूर्व विधायक स्व० पार्वती देवी बिहार सरकार के पूर्व स्वास्थ मंत्री शकुनी चौधरी के धर्मपत्नी आ पूर्व पंचायती राज मंत्री सम्राट चौधरी के मां रहली।

राजनीतिक गलियारन में इनका परिवार के बहुते बढ़िया रसूख मानल जाला। बता दीं कि साल 1998 में पार्वती देवी तारापुर विधानसभा क्षेत्र से (एजीपी) से चुनाव लड़ल रही। ऊ अपना विपक्षी राजद प्रत्याशी सुशील कुमार सिंह के चुनावी मैदान में शिकस्त देके विधायक पद प परचम लहरवले रहली। मतदाता पार्वती देवी के पक्ष में 41612 त प्रतिद्वंद्वी सुशील कुमार सिंह के पक्ष 39600 मत डलले रहस। एह तरे पार्वती देवी 2012 वोट से जीतल रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]