पटना के कंकड़बाग इलाका में पुलिस पs फायरिंग भइल, घर में लुका गइले कुल बदमाश, पुलिस घेराबंदी कs दिहलस.
बिहार के राजधानी पटना से बड़ी खबर आ रहल बा। इहाँ कंकड़बाग में पुलिस अवुरी बदमाश के मुठभेड़ के खबर सोझा आईल बा। कंकड़बाग इलाका में बदमाश पुलिस पs फायरिंग कईले। एकरा बाद बदमाश एगो घर में लुकाइल बाड़े। पुलिस घर के चारो ओर से घेर लेले बिया।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: वज्रासन स्वास्थ्य खातिर होला बहुत जरूरी, जानीं एकरा के करे के सही तरीका
पुलिस बदमाश के सरेंडर करे के कहले बिया।अब सरेंडर कs दे ना तs अगिला एक घंटा में मुठभेड़ हो जाई। फिलहाल 7 बदमाश के घेर लिहल गईल बा। दुनो ओर से जवाबी फायरिंग चलता।