Gorakhpur: एमएलसी के फार्म हाउस से सोलर लाइट के 9 बैट्री चुरा ले गइलें सs चोर, केस दर्ज

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 21, 2024

Gorakhpur : गोरखपुर-फैजाबाद स्नातक निर्वाचन क्षेत्र के भाजपा एमएलसी देवेंद्र प्रताप सिंह के फार्म हाउस में चोरी हो गइल बा। उनकर फार्म हाउस एम्स थानाक्षेत्र के कुसम्ही बाजार में इ स्थित बा। फार्म हाउस के

Share

Gorakhpur : गोरखपुर-फैजाबाद स्नातक निर्वाचन क्षेत्र के भाजपा एमएलसी देवेंद्र प्रताप सिंह के फार्म हाउस में चोरी हो गइल बा। उनकर फार्म हाउस एम्स थानाक्षेत्र के कुसम्ही बाजार में इ स्थित बा। फार्म हाउस के देखरेख करे वाला एह ममिला में एम्स थाना में केस दर्ज करवलें बाड़ें। चोर सोलर लाइट के नव गो बैट्री चुरा ले गइल बाड़ें सs। पुलिस केस दर्ज कs के चोरन के तलाश में जुट गइल बिया।

धोखाधड़ी करे वाला अपराधियन पs लागल गैंगेस्टर

चोरी आ धोखाधड़ी जइसन अपराध करे वाला तीन अपराधियन पs पुलिस गैंगेस्टर लगवले बिया। एमे वीरू पुत्र रामायण गैंग लीडर बा। ऊ अपना गिरोह के सदस्यन रामबेलास पुत्र रामअवध आ दीपक कुमार उर्फ काला कौवा के संगे मिलके घटना के अंजाम देला।
ई आरोपित 21 मार्च 2023 के कचहरी बस स्टेशन के लगे कपड़ा में लपेटल कागज के नकली नोटन के गड्‌डी देके कपड़न से भरल बैग आ मोबाइल फोन ले लेले रहले सs। जवना के बाद पीड़ित मुकदमा दर्ज करवले रहे। तीनो आरोपितन पs कइयन गो मुकदमा दर्ज बा।

चोरी के दुगो आरोपित गिरफ्तार

कैंट थानाक्षेत्र में नकली चाबी के प्रयोग कs के चोरी करे वाला दुगो आरोपियन के पुलिस सुक के गिरफ्तार कs लेलस। कैंट पुलिस एह ममिला में राहुल कन्नौजिया आ रमेश कन्नौजिया के पकड़ले बिया। ओकनी के लगे से चोरी के चेन बरामद कइल गइल बा।

एकरा संगही घटना में प्रयोग कइल गइल स्कूटियो बरामद कs लिहल गइल बा। आरोपियन के गिरफ्तार करे वाली टीम में पैडलेगंज चौकी प्रभारी आशीष कुमार दुबे, कांसटेबल मो. आजाद आ विवेक सामिल रहे लो।

Read Also: सारण: कुख्यात आरोपी लालबाबू गिरफ्तार:अलग-अलग थानन में दर्ज बा कइयन गो आपराधिक ममिला

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.