Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नोएडा में एगो छात्रा समेत 5 नाबालिग लइकी कुल अचानक लापता, छानबीन में जुटल पुलिस

336

नोएडा के अलग-अलग जगह से एगो छात्रा समेत पांच लईकी के लापता होखे के खबर बा। इs सभ घटना खाली नोएडा थाना क्षेत्र के हs। पुलिस के मुताबिक सेक्टर 24 थाना क्षेत्र के गिझौड़ गांव से दसवीं कक्षा के छात्रा लापता हो गईल। छात्रा के पिता के शिकायत पs पुलिस मामिला दर्ज कs के छानबीन करतिया। थाना सेक्टर 24 के प्रभारी निरीक्षक विवेक श्रीवास्तव बतवले कि काल्हु रात गिझौड़ गाँव में रहे वाला एगो आदमी शिकायत दर्ज करवलस जवना में कहल गइल बा कि उनुकर 15 बरीस के बेटी फरवरी के ट्यूशन खातिर सेक्टर 52 गइल रहुवे 22 बजे दुपहरिया में, लेकिन उs घरे ना लवटली।

नोएडा सेक्टर 24 आ साहबेरी से दू गो लइकी लापता

पुलिस के कहनाम बा कि, उs आदमी अपना बेटी के अपहरण के मामिला में काल्ह रात थाना में शिकायत दर्ज करवले रहे। छात्रा दसवीं कक्षा में पढ़ेला। एकरा संगे बिसरख थाना के प्रभारी इंस्पेक्टर अरविंद कुमार बतवले कि काल्ह रात एगो महिला थाना के सूचना देले कि उs साहबेरी गांव में अपना 15 साल के बेटी के संगे रहेले। 4 फरवरी के सलमान नाम के एगो युवक उनुका घरे आके अपना नाबालिग बेटी के मना के अपहरण कs लेले रहे। कुमार बतवले कि पीड़िता…

बिसरख थाना आ फेस-वन से दू गो लइकी लापता

एही तरे बिसरख थाना के प्रभारी निरीक्षक अरविंद कुमार बतवले कि काल्हु रात एगो महिला थाना में रिपोर्ट दर्ज करवले बिया कि ओकर 13 साल के बेटी 20 फरवरी से लापता बिया। उ बतवले कि पीड़िता के शिकायत के आधार पs पुलिस घटना के रिपोर्ट दर्ज कs मामिला के छानबीन में जुटल बिया। थाना फेज एक के प्रभारी निरीक्षक ध्रुव भूषण दुबे बतवले कि काल्हु रात एगो आदमी थाना में रिपोर्ट दर्ज करवले बा कि ओकर 17 साल के बेटी 18 फरवरी से हरौला गांव में अपना घर से लापता बिया।

सेक्टर 37 में एगो नाबालिग के अपहरण हो गईल

सेक्टर 39 थाना में एगो आदमी रिपोर्ट दर्ज करवले बा कि ओकर 16 साल के बहिन के मना के एगो युवक अपहरण कs लेले बा। थाना सेक्टर 39 के प्रभारी निरीक्षक जितेन्द्र कुमार सिंह बतवले कि सेक्टर 37 के हरिजन बस्ती में रहेवाला एगो आदमी काल्हु रात थाना में रिपोर्ट दर्ज करवले बा कि प्रियांशु नाम के एगो युवक अपना 16 साल के बहिन के अपहरण कs लेले बा।

 

 

747260cookie-checkनोएडा में एगो छात्रा समेत 5 नाबालिग लइकी कुल अचानक लापता, छानबीन में जुटल पुलिस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.