[the_ad_group id="30365"]

भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गणेश जी के उs मंदिर जवन रामायण काल ​​आ द्वापर युग में भी रहे मौजूद ‘रणथंभौर गणेश मंदिर’

रणथंभौर गणेश मंदिर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खबर भोजपुरी एगो नया सेगमेंट ले के आइल बा जवना में हर सोमार के दिने रउरा सभे के अपना देश के कोना-कोना में बसल मंदिरन के जानकारी मिली….

आजु पढ़ीं सभे हिन्दू धर्म में भगवान गणेश के कवनो शुभ भा मांगलिक काम से पहिले पूजा कइल जाला काहे कि उनुका के पहिला पूजित देवता मानल गइल बा. अइसन ऐसे कइल जाला कि पूजा, आराधना, अनुष्ठान भा काम में कवनो बाधा ना होखे. तs आजु आईं भगवान गणेश जी के एगो मंदिर के बारे में जानल जाव जवन सबसे प्राचीन मंदिर हs आ ओह मन्दिर के नाव हs ‘रणथंभौर गणेश मंदिर.’

राजस्थान के सवाई माधोपुर में भगवान गणेश के एगो चमत्कारी मंदिर बा, जहवाँ भगवान गणेश के प्रतिमा स्वयंभू प्रकट भइल रहे। रणथंभौर किला के भीतर रणथंभौर गणेश मंदिर कई मायने में एगो अनोखा आ चमत्कारी मंदिर बा। कहल जाला कि भगवान गणेश जी खुद इहाँ पहिला त्रिनेत्र गणेश प्रतिमा के रूप में मौजूद बाड़े। एह मन्दिर के त्रिनेत्र गणेश मंदिर भी कहल जाला.

जब श्रीकृष्ण भगवान गणेश के भूला गईले
एगो मान्यता के अनुसार भगवान श्रीकृष्ण के बियाह द्वापरयुग में रुकमणि से भईल रहे। कृष्णा एह बियाह में गणेशजी के बोलावल भुला गइलन. जवना के बाद खिसियाइल गणेश के वाहन चूहा कृष्ण के रथ के आगे पीछे हर जगह गड्ढा खोदत रहले। अइसना में कृष्ण तुरते गणेशजी के मना लिहले. कहल जाला कि तब से हर शुभ काम करे से पहिले भगवान गणेश के पूजा कइल जाला। भगवान श्रीकृष्ण गणेश मनावे वाला जगह रणथंभौर रहे। इहे कारण बा कि रणथंभौर गणेश जी के भारत के पहिला गणेश भी कहल जाला।

रामायण में भी एह मंदिर के जिक्र बा
रामायण में भी एह मंदिर के जिक्र बा। ई मंदिर रामायण काल ​​आ द्वापर युग में भी मौजूद रहे। कहल जाला कि भगवान राम लंका यात्रा के दौरान भगवान त्रिनेत्र गणेश के एही रूप में अभिषेक कईले रहले। एह मंदिर के बारे में आज भी अइसने सच्चा कहानी सुनल जाला। बतावल जाता कि मंदिर के भव्य निर्माण महाराजा हमीर देव चौहान कईले रहले। रणथंबौर में हमीरदेव आ अलाउद्दीन खिलजी के बीच 1299-1302 के बीच युद्ध भइल रहे। ओह घरी दिल्ली के शासक अलाउद्दीन खिलजी के जवान किला के चारो ओर से घेरले रहले। हालात ठीक ना होत रहे, एही बीच भगवान गणेश जी सपना में महाराज से कहले कि हमार पूजा करs तs सब समस्या खतम हो जाई। दूसरा दिन किला के दीवार पs त्रिनेत्र गणेश के मूर्ति उकेरल गईल। एकरा बाद हमीरदेव भगवान गणेश जी के संकेत दिहल जगह पs मंदिर बनवले। एकरा बाद कई साल से चलल युद्ध खतम हो गईल| 

भक्तन के पत्र पढ़ल जाला

रणथंभौर गणेश मंदिर के सबसे बड़ खासियत बा इहाँ आवे वाला पत्र। कहल जाला कि सच्चा मन से कइल हर मनोकामना एह मंदिर में पूरा होला। एह से इहां के हर शुभ काम से पहिले भक्त लोग रणथंभौर गणेश के निमंत्रण पत्र भेजेला। एकरा संगे लोग भगवान से आपन इच्छा पूरा करे के निहोरा भी करेला। सबके शुभकामना पत्र आ नेवता मंदिर ले पहुंचेला। ओकरा बाद भगवान गणेश के चरण में रखल जाला। मंदिर के नाव आ पता लिखला पs, त्रिनेत्र गणेश मंदिर, रणथम्भौर दुर्ग, सवाई माधोपुर, राजस्थान के साथे पिन कोड नंबर 322021 लिखला पs चिट्ठी इहाँ पहुँच जाला।

रणथंभौर गणेश मंदिर
रणथंभौर गणेश मंदिर

दिन भर में होला 5 गो आरती
दुनिया भर से लोग एह मंदिर में भगवान गणेश के पूजा करे आवेला। मुख्य रूप से एह मशहूर मंदिर में रोज पांच गो आरती कइल जाला। जवना में भोर के आरती होला, ओकरा बाद श्रृंगार आरती, भोग आरती, सूर्यास्त के समय साँझ के आरती आ शयन आरती होला।

रणथंभौर गणेश मंदिर कइसे पहुंची

1) हवाई जहाज से– जयपुर के सांगानेर हवाई अड्डा रणथंभौर गणेश मंदिर ले पहुंचे के सबसे नजदीकी हवाई अड्डा हs। इहाँ से एयरपोर्ट से पर्सनल टैक्सी भा कार किराया पs लेके रणथंभौर गणेश मंदिर में आसानी से पहुँचल जा सकेला। मंदिर हवाई अड्डा से 180 किलोमीटर दूर बा।

2) सड़क से– इहाँ राज्य संचालित बस के बढ़िया सुविधा बा। जयपुर, दिल्ली, अहमदाबाद, जोधपुर आ अजमेर से बस आसानी से मिल जाई.

3) ट्रेन मार्ग– सवाई माधोपुर रणथंभौर गणेश मंदिर ले पहुंचे खातिर सबसे नजदीकी रेलवे स्टेशन हs। स्टेशन से कवनो टैक्सी आसानी से किराया पs ले सकेनी।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]