बिहार: सारण में चुनाव के बाद हिंसा, 2 पक्षन के बीच फायरिंग, एक के मउत आ 2 गो घायल, लालू के बेटी बाड़ी उम्मीदवार

By Anurag Ranjan

Published on: May 21, 2024

  बिहार के सारण में चुनाव के बाद हिंसा के खबर बा। दुनो पक्ष के बीच भईल गोलीबारी में एक जने के मउत हो गईल बा अवुरी दु लोग घाही हो गईल बाड़े। सोमार के

Share

 

बिहार के सारण में चुनाव के बाद हिंसा के खबर बा। दुनो पक्ष के बीच भईल गोलीबारी में एक जने के मउत हो गईल बा अवुरी दु लोग घाही हो गईल बाड़े। सोमार के सांझ के मतदान बूथ पs भईल विवाद के चलते इs घटना भईल। आजु सबेरे एगो पार्टी दोसरा पार्टी के एगो आदमी के गोली मार दिहलस. घाही लोग के पटना रेफर कs दिहल गईल बा। बता दीं कि पूर्व सीएम लालू यादव के बेटी रोहिणी आचार्य सारण लोकसभा सीट से चुनाव लड़त बाड़ी. छपरा के एगो बूथ पs रोहिणी पहुंचला पs विवाद हो गईल। ई विवाद बूथ नंबर 318 आ 319 पs भइल.

साभार- इंडिया tv

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.