सबेरे-सबेरे: बाल के समय से पहिले उज्जर होले से रोकी, करीं इs 4 गो योगासन

Minee Upadhyay
उज्जर बाल खातीर योगा

बाल के रंग बदलल सामान्य बा, बाकिर जीवन के कवनो समय उज्जर बाल देखाई दे सकता।  किशोर अवुरी 20 साल से कम उमर के लोग तक बाल में उज्जर बार देखाई देता।  हालांकि सफेद बाल के प्राकृतिक रूप से करिया बनावे के बहुत तरीका बा, बाकिर का आप जानतानी कि योग के माध्यम से भी उज्जर बाल से छुटकारा मिल सकता।  जईसे कि हमनी के सभे जानतानी कि योग ना खाली हमनी के शरीर के टोन करे चाहे लचीलापन बढ़ावे में मदद करेला बालुक एकर स्वास्थ्य के बहुत साबित फायदा बा।  एकरा अलावे इs आपके बाल के उज्जर होखल कम करे में भी मददगार होखेला।  आज हमनी के ओह 4 गो योग आसन के बारे में बात करब जा, जवन बाल के समय से पहिले उज्जर होखे से बचाव में मदद करीकर

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

उष्ट्रासन

उष्ट्रासन
उष्ट्रासन


बाल अगर उज्जर होखे लागे तs एसे छुटकारा पावे खातिर उष्ट्रासन कs सकेनी। एs योगासन के करे खातिर घुटना के बल बइठ जाई। दूनों घुटना के बीच कम से कम 6 इंच के दूरी रखीं। अब दूनों हाथ के पीछे एड़ी के ओर ले जाई। फेर दाया हाथ के टखना के बाएं हाथ के टखना से छुईं। आपन टांग के सीधा रखत पेट आगे के ओर निकाली। एह अवस्था में कुछ देर रहले के बाद सामान्य स्थिति में आ जाईं।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर

हलासन

हलासन
हलासन


करिया, घना अउर सेहतमंद बाल खातिर नियमित हलासन के अभ्यास कs सकेनी। एह आसन के करे खातिर जमीन पर लेट जाईं अउर पैर के ऊपर के ओर उठावत धीरे-धीरे पीछे ले जाईं। अपने पैर के पीछे जमीन पss लगवले के कोशिश करीं। कुछ देर एही अवस्था में रहले के बाद साधारण स्थिति में आ जाईं।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: डिनर कइले के बाद जरूर करीं इs काम,धीरे-धीरे कम हो जाई राउर वजन

त्रिकोणासन

त्रिकोणासन
त्रिकोणासन


बाल उज्जर होखले से रोकले खातिर त्रिकोणासन कइल जा सकsला।त्रिकोणासन भा त्रिकोण मुद्रा शरीर के संतुलन बनावे अवुरी कैलोरी बर्न करे में मदद करेला।  पेट, कमर अवुरी जांघ के चर्बी कम करे में इs आसन बहुत कारगर बा।  अयीसन कईला से पाचन तंत्र मजबूत हो जाला अवुरी शरीर के मेटाबॉलिज्म बढ़ जाला।  नियमित अभ्यास से शरीर के आकार सुडौल हो जाला।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: भोरे उठके एह मंत्रन के करीं जाप

भुजंगासन

भुजंगासन
भुजंगासन


अगर उमिर से पहिले राउर बाल उज्जर हो रहल बा, साथ ही बाल झड़ले के समस्या से परेशान बानीं तs भुजंगासन कs सकेनी। एह आसन के कइले खातिर पेट के बल लेट के पैर के आपस में मिला लेईं। हथेली के सीना के लगे कंधा के सीध में रखीं। माथा के जमीन पs रख के शरीर के सहज करीं। अब गहिराह सांस लेत शरीर के आगे के हिस्से के ऊपर उठाईं। दूनों हाथ के सीधा करत एही मुद्रा में कुछ सेकंड रखीं। बाद में सांस छोड़त वापस सामान्य मुद्रा में लौट आईं।

नोट: ई लेख योगगुरु के सुझाव के आधार पर तैयार कइल गइल बा। आसन के सही स्थिति के बारे में जाने खातिर कवनो विशेषज्ञ से संपर्क करीं

इहो पढ़ीं: ऊनी कपड़ा के धोए खातीर अपनाई इs ट्रिक्स, लंबा समय ले नया जइसन रही

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।