[the_ad_group id="30365"]

सबेरे-सबेरे: तुलसी के बीज से इम्यूनिटी होला मजबूत…दूर होला सेहत से जुड़ल कईगो गंभीर समस्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

खाली धार्मिक कारण से ना, आयुर्वेद में भी तुलसी के गुण के स्रोत मानल जाला। एकरा प्रयोग से कई गो गंभीर बेमारी ठीक हो सकेला।  का रउवा जानत बानी कि तुलसी के पत्ता ही फायदेमंद ना होला बल्कि एकर बीज स्वास्थ्य खातिर भी बहुत फायदेमंद होला।  तुलसी के बीज में फाइबर, प्रोटीन आ आयरन बहुत मात्रा में पावल जाला। अगर एकर सही इस्तेमाल कइल जाव तs स्वास्थ्य के बहुते फायदा हो सकेला.  आईं जानी कि कवन-कवन समस्या में तुलसी के बीज कारगर होला?

तुलसी के बीज एह समस्या सभ में कारगर होला

इम्यूनिटी के मजबूत करेला : तुलसी के बीज कमजोर इम्यूनिटी के मजबूत करेला।  मजबूत इम्यूनिटी होखला से हमनी के बहुत बेमारी अवुरी संक्रमण से बचाव होखेला।  अयीसना में आप तुलसी के बीज के काढ़ा बना के पी सकतानी, जवना से आपके कमजोर रोग प्रतिरोधक क्षमता मजबूत हो सकता।

पाचन क्षमता में सुधार होई : जदी आपके पेट से जुड़ल समस्या जईसे एसिडिटी अवुरी गैस बा तs तुलसी के बीज आपके खातीर फायदेमंद बा।  एक गिलास पानी में 1 चम्मच तुलसी के दाना डाल के फूलला के बाद पी लीं।  इs पानी पियला से आपके पाचन में सुधार होखेला।

वजन कम होला : जवन लोग अपना वजन बढ़ला से परेशान बाड़े, ओ लोग खातीर तुलसी के बीज संजवी जड़ी-बूटी निहन हो सकता।  असल में एकरा में फाइबर भरपूर मात्रा में होखेला अवुरी एकर कैलोरी बहुत कम होखेला।  अयीसना में एs बीज के खईला से आपके बहुत देर ले भूख ना लागेला, जवना के चलते आपके वजन धीरे-धीरे कम हो जाला।

कब्ज से राहत : तुलसी के बीज में मौजूद फाइबर कब्ज जईसन समस्या से तुरंत राहत देवेला।  एकर सेवन आपके पेट के स्वास्थ्य खातीर बेहद फायदेमंद होखेला।  एकर सेवन से आपके पाचन तंत्र मजबूत होखेला।  अइसना में अगर सबेरे पेट साफ ना होखे तs एकर सेवन जरूर करीं।

ब्लड शुगर के नियंत्रित करेला : तुलसी के बीज डायबिटीज के मरीज खातीर फायदेमंद होखेला।  एकर सेवन से आपके ब्लड शुगर के नियंत्रण होखेला।  एकरा में मौजूद कई गो पोषक तत्व आ खनिज स्वास्थ्य के फायदा देला।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]