[the_ad_group id="30365"]

ऊनी कपड़ा के धोए खातीर अपनाई इs ट्रिक्स, लंबा समय ले नया जइसन रही

ऊनी कपड़ा के धोए खातीर अपनाई इs ट्रिक्स
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जाड़ा के कपड़ा के देखभाल कईल गरमी के कपड़ा से बहुत जादे चुनौतीपूर्ण साबित हो सकता। रउरा जानकारी खातिर बता दीं कि अगर रउरा ऊनी कपड़ा ठीक से ना धोअब तs राउर कपड़ा जल्दी खराब हो सकेला. अगर रउरा ऊनी कपड़ा धोवे खातिर एह टिप्स के पालन करब तs रउआ आपन कपड़ा ड्राई क्लीनिंग खातिर भी ना भेजे के पड़ी। एह जाड़ा में ऊनी कपड़ा धोवे खातिर भी एह क्लीनिंग हैक्स के इस्तेमाल करे के कोशिश करे के चाहीं।

ना करे के चाहीं गरम पानी के इस्तेमाल

ऊनी कपड़ा धोवे खातिर गरम पानी के इस्तेमाल ना करे के चाहीं। गरम पानी से आपके कपड़ा के क्वालिटी पs खराब असर पड़ सकता। ऊनी कपड़ा के गरम पानी में धोवे से भी कपड़ा के आकार खराब हो सकता। अगर रउरा अपना कपड़ा के नुकसान से बचावल चाहतानी तs ठंडा पानी के इस्तेमाल करीं। अगर रउरा चाही तs गरम पानी के जगह गुनगुना पानी के इस्तेमाल कs सकेनी।

कपड़ा हल्का हाथ से धोवे के चाहीं

ऊनी कपड़ा के रगड़ के धो के रउरा जानबूझ के भा अनजाने में कपड़ा के उमिर कम कs रहल बानी. ऊनी कपड़ा संवेदनशील होला आ एही से ओकरा धोवत घरी हल्का हाथ के इस्तेमाल करे के चाहीं। कपड़ा धोवे के बाद कस के ना निचोड़े के चाही। एकरा अलावा आपके निमन क्वालिटी के डिटर्जेंट के इस्तेमाल करे के चाही। बहुत हार्श केमिकल्स वाला डिटर्जेंट के इस्तेमाल से बची।ध्यान देबे वाला बात रउरा ई जान के हैरान होखब कि स्वेटर भा ऊनी कपड़ा के कबो सुखावे खातिर लटकावे के ना चाहीं. स्वेटर के सुखावे खातिर रउरा समतल सतह खोजे के चाहीं. एs टिप के पालन कईला से आपके स्वेटर में बिल्कुल सिकुड़न ना आई, मतलब आपके ऊनी कपड़ा के आकार खराब ना होई। एह जाड़ा में ऊनी कपड़ा धोवे से पहिले ई टिप्स जरूर अपना दिमाग में राखीं.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]