Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार के 4 सीटन पs उपचुनाव: 7 बजे से वोटिंग, दिग्गजन के साख दांव पs 

69

बिहार के चार विधानसभा सीट बेलागंज, इमामगंज, तरारी आ रामगढ़ में आज माने बुध सबेरे सात बजे से वोटिंग होई। नक्सल प्रभावित सीट इमामगंज में एयरफोर्स के चौपर से निगरानी कइल जाई। नक्सल प्रभावित इमामगंज में सुरक्षा के खास इंतजाम कइल गइल। इहां 346 बूथ बनावल गइल बा। एमे से 320 अति संवेदनशील बूथ बा। एह बूथन पs सबेरे सात बजे से सांझ चार बजे तक वोटिंग होई। मात्र 26 बूथ पs सांझ छव बजे तक वोट डालल जाई। बाकी तीनो सीटन के सब बूथन पs सबेरे सात बजे से सांझ छव बजे तक वोटिंग होई।

एह चार सीटन में से 3 पs पिछला बेर महागठबंधन के कब्जा रहे, जबकि इमामगंज से केंद्रीय मंत्री जीतनराम मांझी जीतल रहस। चार सीटन पs दिग्गजन के साख दांव पs बा।

10 हजार पुलिस बलन के तैनाती

मुख्य निर्वाचन पदाधिकारी एचआर श्रीनिवास बतवलें कि ‘चारो सीटन के हर बूथ पs हथियारबंद जवानन के तैनात कइल गइल बा। वोटरन खातिर बेवस्था कइल गइल बा। पुलिस सुरक्षाबल आ गृह रक्षकन के मिलाके कुल 10 हजार पुलिस बलन के तैनाती कइल गइल बा। एमे सात हजार से जादे बिहार पुलिस के जवान आ दु हजार से जादे होमगार्ड तैनात रही लो।’

4 विधानसभा सीट पs कुल 38 प्रत्याशी

चार विधानसभा क्षेत्र से कुल 38 प्रत्याशी मैदान में बा लो। बेलागंज से सबसे जादे 14 प्रत्याशी आपन किस्मत आजमा रहल बा लो। तरारी से 10 आ इमामगंज से नव प्रत्याशी चुनावी मैदान में बा। एकरा अलावे सबसे कम पांच प्रत्याशी रामगढ़ सीट से ताल ठोक रहल बा लो। 38 में से 12 निर्दलीय प्रत्याशी चुनावी मैदान में बा लो।

चुनावी दंगल में 5 महिला प्रत्याशी

उपचुनाव में कुल 5 महिला प्रत्याशी पुरुषन के टक्कर दे रहल बा लो। इमामगंज से बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री आ केंद्रीय मंत्री जीतन राम मांझी के बहू दीपा मांझी चुनावी मैदान में बाड़ी। बेलागंज सीट से दु, तरारी आ रामगढ़ से 1-1 प्रत्याशी आपन किस्मत आजमा रहल बा लो।

रामगढ़ में शहरी बूथ कम

रामगढ़ विधानसभा क्षेत्र में कुल 294 पोलिंग स्टेशन बनावल गइल बा। रामगढ़ एगो अइसन सीट बा, जहां सबसे कम शहरी मतदान केंद्र बा, इहां खाली 12 मतदान केंद्र शहरी क्षेत्र में बा।

इमामगंज में 346 पोलिंग स्टेशन बा। एमे शहरी बूथन के संख्या 19 बा। बेलागंज में कुल 305 मतदान केंद्र बनावल गइल बा। जेमे से 29 मतदान केंद्र शहरी क्षेत्र में बा। तरारी में 323 बूथन पs वोट डालल जाई। एमे 28 केंद्र शहरी इलाकन में बा।

7789 वोटर्स पहिला बेर डाली लो वोट

उपचुनाव में सात हजार 789 वोटर्स पहिला बेर लोकतंत्र के महापर्व में हिस्सा ली लो। तरारी में एक हजार 854, रामगढ़ में दु हजार 212, इमामगंज में एक हजार 973 आ बेलागंज विधानसभा सीट पर एक हजार 750 वोटर्स पहिला बेर वोट डाली लो।

100 साल उमिर के 631 वोटर्स

उपचुनाव में 631 वोटरन के उमिर 100 साल से जादे बा। तरारी सीट पs 170, रामगढ़ में 235, बेलागंज में 103 आ इमामगंज में 122 वोटरन के आयु 100 साल भा एकरा से जादे बा।

1866 VVPAT से मतदान

उपचुनाव में कुल एक हजार 866 VVPAT इस्तेमाल कइल जाई। जबकि एक हजार 754 बैलेट यूनिट(BU) आ एक हजार 757 कंट्रोल यूनिट(CU) के इस्तेमाल होई। तरारी सीट पs 454 बैलेट यूनिट लगावल गइल बा। जबकि, कंट्रोल यूनिट के संख्या 463 बा। 488 VVPAT के इस्तेमाल हई।

रामगढ़ सीट पs बैलेट यूनिट के संख्या 409 बा। कंट्रोल यूनिट के संख्या 409 बा, जबकि VVPAT के संख्या 436 बा। इमामगंज विधानसभा सीट पs बैलेट यूनिट के संख्या 469 बा। कंट्रोल यूनिट के संख्या 471 बा, जबकि 496 VVPAT के इस्तेमाल होई। बेलागंज विधानसभा सीट पs बैलेट यूनिट के संख्या 417, कंट्रोल यूनिट के संख्या 414 आ VVPAT के संख्या 448 बा।

साभार: दैनिक भास्कर

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.