[the_ad_group id="30365"]

मनी लॉन्ड्रिंग केस में एसपी सिंगला कंपनी के मालिक सहित 3 गिरफ्तार: न्यायिक हिरासत में जेल भेजा गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IAS संजीव हंस आ पूर्व विधायक गुलाब यादव से जुड़ल मनी लॉन्ड्रिंग केस में ईडी मंगर के बड़ कार्रवाई कइले बिया। पूछताछ के बाद एसपी सिंगला कंस्ट्रक्शन प्राइवेट लिमिटेड के मालिक सुरेश सिंगला, बेटा वरुण सिंगला आ पटना बेऊर के रहे वाला पवन कुमार के ईडी गिरफ्तार कs लेले बा।

गिरफ्तारी के बाद जांच एजेंसी तीनो के ईडी के विशेष कोर्ट में जज रुपेश के सोझा पेश कइलस। जहां से न्यायिक हिरासत में जेल भेज दिहल गइल।

ईडी एह केस में संजीव हंस, गुलाब यादव सहित 13 नामजद लोगन के आरोपी बनवले बा। अभी ले मुख्य आरोपी संजीव हंस, गुलाब यादव, पुष्पराज बजाज, शादाब अहमद आ प्रवीण चौधरी के गिरफ्तारी हो चुकल बा। एह लोगन के रिमांड पs लेके पूछताछो हो चुकल बा।

सूत्रन के मुताबिक जांच एजेंसी पूछताछ खातिर जल्दिये संजीव हंस के पत्नी मोना आ गुलाब यादव के पत्नी अंबिका यादव सहित आउर के नोटिस जारी करी। अहम सुराग मिलला पs एह लोगन के गिरफ्तारियो हो सकत बा।

बिहार, दिल्ली आ पंचकूला में ईडी के दबिश

19 जुलाई 2024 के ईडी एसपी सिंगला के कइयन ठिकानन पs छापेमारी कइले रहे। ईडी ई कार्रवाई पटना के अलावे भागलपुर, दिल्ली आ पंचकूला में एक संगे कइले रहे। 5 जून 2023 के भागलपुर में गंगा नदी पs निर्माणाधीन अगुवानी घाट से सुल्तानगंज तक बन रहल पुल के गिरला के बाद ई कंपनी पहिला बेर विवादन में आइल रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]