[the_ad_group id="30365"]

छत्तीसगढ़-महाराष्ट्र बॉर्डर पर 7 नक्सलियन के मार गिरावल गइल: एमे दुगो महिला, हथियार आ विस्फोटक बरामद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छत्तीसगढ़-महाराष्ट्र बॉर्डर पs नारायणपुर के अबूझमाड़ इलाका में मंगर के सबेरे DRG आ STF के जवानन के संगे भइल मुठभेड़ में सात नक्सली मारल गइल बा लो। एमे दुगो महिला माओवादी बा लो। एह सभन के शव बरामद कs लिहल गइल बा।

घटनास्थल से एगो AK-47 सहित भारी मात्रा में हथियार आ विस्फोटक बरामद भइल बा। बतावल जा रहल बा कि मुठभेड़ के बाद सर्चिंग कइल जा रहल बा।

पुलिस के सूचना मिलल रहे कि अबूझमाड़ के टेकामेटा इलाका में बड़ संख्या में नक्सली मवजूद बाड़ें सs। एह सूचना के आधार पs सोमार देर रात जवान सर्चिंग पs निकल गइल रहे लो। जवान मंगर के सबेरे जब एह इलाका में पहुंचल लो तs इहां नक्सली ओह लोगन के देखतही फायरिंग सुरू कs दिहल लो। जवाबी कार्रवाई में नक्सली मारल गइल लो।

पुलिस मारल गइल नक्सलियन के शिनाख्त के कोसिस कs रहल बिया। सूत्रन के मोताबिक इहवां पs माओवादियन के बड़ कैडर्स मवजूद रहे।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]