Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Goldy Brar Murder: अमेरिका पुलिस कइलस गोल्डी बराड़ के मौत से इनकार, कहलस-मीडिया में चल रहल खबर गलत

209

पंजाब के वांछित गैंगस्टर गोल्डी बराड़ जिंदा बा। बुध के ओकर मौत के खबर मीडिया में आइल रहे। एकरा बाद कैलिफोर्निया में फ्रेस्नो पुलिस विभाग एकर खंडन कइलस कि गोलीबारी के घटना में हमला करे वाला दु व्यक्तियन में से एगो कनाडा इस्थित गैंगस्टर गोल्डी बराड़ रहे। बता दीं कि बुध के गोल्डी बराड़ के मौत की खबर सामने अइला के बाद गैंगस्टर अर्श डल्ला आ लखबीर एकर जिम्मेदारियो ले लेले रहलें सs।

फ्रेस्नो पुलिस विभाग कहलस- खबरन में सच्चाई नइखे 

फ्रेस्नो पुलिस विभाग के लेफ्टिनेंट विलियम जे डूली कहलें कि कवनो ऑनलाइन चैट के कारण दावा कइल जा रहल बा कि गोलीबारी के शिकार गोल्डी बराड़ हs, तs हम पुष्टि करत बानी कि ई बिल्कुल सांच नइखे।

ऊ कहलें कि सोशल मीडिया आ ऑनलाइन समाचार एजेंसियन पs फइलावल जा रहल सूचना के बाद हमनी दुनिया भर से सवाल मिलल बा। हमनी के नइखे पता कि ई अफवाह के सुरू कइलस, बाकिर ई तूल पकड़ लेलस आ जंगल के आग के तरह फइल गइल। बाकिर ई सांच नइखे।

पुलिस अभी ले ओह दुगो व्यक्तियन के पहचान नइखे कइले जेकरा पs हमला कइल गइल बा, जेमे से एगो के बाद में अस्पताल में मौत हो गइल। दूसरका व्यक्ति के इलाज के बाद अस्पताल से छुट्टी दे दिहल गइल।

मंगर सांझ के भइल रहे फायरिंग

मंगर सांझ के लड़ाई के बाद फ्रेस्नो के उत्तर-पश्चिमी हिस्सा में फेयरमोंट आ होल्ट एवेन्यू में दु जुवकन पs हमला कइल गइल रहे। गोलीबारी के खबर भारत में जंगल के आग के तरे फइल गइल, जेमे दावा कइल गइल कि मृतक गैंगस्टर गोल्डी बराड़ रहे।

मुक्तसर के रहे वाला हs गोल्डी

गोल्डी बराड़ पंजाब के श्री मुक्तसर साहिब के रहे वाला हs। गोल्डी बराड़ के चचेरा भाई गुरलाल बराड़ के चंडीगढ़ में हत्या कइल गइल रहे। गुरलाल के इंडस्ट्रियल एरिया फेज-1 इस्थित एगो क्लब के बाहर 11 अक्टूबर, 2020 के रात गोली मारल गइल रहे। ऊ पंजाब यूनिवर्सिटी के छात्र नेता रहे।

810090cookie-checkGoldy Brar Murder: अमेरिका पुलिस कइलस गोल्डी बराड़ के मौत से इनकार, कहलस-मीडिया में चल रहल खबर गलत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.