[the_ad_group id="30365"]

24 घंटा में सोझे आइल कोरोना के 6,298 मामिला, 5 हजार से बेसी लोग भइल ठीक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में बीतल 24 घण्टा में कोरोना के 6,298 मामला सोझे आइल बा। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के ओर से शुक्रवार के जारी कइल गइल आंकड़ा के मुताबिक, 24 घंटा के अंदर 5,916 लोग कोरोना संक्रमण से ठीक भी भइल बा।ताजा आंकड़ा के मुताबिक, अब देश में 46,748 सक्रिय कोरोना मामला बा, जौन कुल कोरोना मामला के 0.10 प्रतिशत बा। उहवें दैनिक संक्रमण दर 1.89 प्रतिशत बनल बा।

24 घंटे में 23 लोगों की हुई मौत

देश में बीतल 24 घण्टा में कोरोना 23 लोग के मौत दर्ज कइल गइल बा। आंकडा के देखल जाव त एहमें केरल के चार पुरान मामला भी शामिल बा। एकरे बाद देश में कोरोना से जान गंवावे वालन के संख्या 5,28,273 हो गइल बा। स्वास्थ्य मंत्रालय के अनुसार कोरोना संक्रमण के रिकवरी रेट अब बढ़ के 98.71 प्रतिशत हो गइल बा।

अब ले 43947756 लोग भइल ठीक 

उहवें अब ले 43947756 लोग कोरोना से ठीक भी हो चुकल बा। उहवें टीकाकरण अभियान के तहत बीतल 24 घण्टा के अंदर 19,61,896 लोग कोरोना के टीका लगवावल। अब ले 2,16,17,78,020 लोग कोरोना रोधी टीका के खुराक ले चुकल बानें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]