[the_ad_group id="30365"]

SCO सम्मेलन में आजु बोलिहें पीएम, मोदी अउरी पुतिन के मुलाकात पर रही नजर, जिनपिंग से वार्ता पर संशय अभिनो बा बरकरार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शंघाई सहयोग संगठन (एससीओ) के शिखर सम्मेलन में आज बोलिहें। सथही एससीओ के शिखर सम्मेलन से इतर रूसी राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन से मुलाकात करिहें। एह मुलाकात पर सबके निगाह बा। यूक्रेन रूस युद्ध के बीच ई दूनों नेता के बीच पहिला मुलाकात ह। एही बीच चीनी राष्ट्रपति शी जिनपिंग से मुलाकात अभिन तय नाइ बा। भारत अउरी चीन भी एह पर चुप्पी सधले बानें।

दू दिन के बइठक में पीएम मोदी के संबोधन ले पूर्व संध्या पर बियफ़े के विदेश सचिव विनय मोहन क्वात्रा कहलें कि पीएम के समरकंद में उज्बेकिस्तान के राष्ट्रपति समेत दूसर कई देशन के शासनाध्यक्षन के संगे द्विपक्षीय बातचीत होई। हालांकि उ स्पष्ट नाइ कइलें कि उनकर जिनपिंग से बातचीत होई कि ना। क्वात्रा कहलें कि बैठक में प्रासंगिक मुद्दा, व्यापार अउर क्षेत्रीय सहयोग पs सार्थक चर्चा के उमेद बा। बैठक में विकास के मुद्दा पर फोकस रही अउरी आतंक समेत साझा चुनौतियन से निपटे, कारोबार अउरी आर्थिक विषयन पर चर्चा होई।

मोदी के ईरान के राष्ट्रपति इब्राहिम रईसी, उज्बेक राष्ट्रपति शौकत मिर्जियोयेव से मिलल तय बा। मोदी ताजिकिस्तान, कजाकिस्तान, उज्बेकिस्तान, किर्गिस्तान के शासनाध्यक्षन के संगे भी द्विपक्षीय वार्ता करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]