Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

295
  1. बिहार: बेगूसराय में 11 लोगन के गोली मारे वाला हिस्ट्रीशीटर; पुलिस बोलल दहशत फइलावे खातिर भइल वारदात; गिरिराज बोलले- ई आतंकी घटना नाम छुपावल गइल। 25 किमी तक फायरिंग करत गइल रहले स अपराधी, रास्ता में जे मिलल सूट करत चल गइले स।
  2. बिहार: पूर्व कानून मंत्री कार्तिक सिंह गार्ड छोड़के फरार, पटना एसएसपी बोलले- दुनो घरन में फेर भेजल गइल टीम, 19 सितंबर के सुनवाई। विधानपरिषद के सदस्य हवे कार्तिक सिंह।
  3. उत्तर प्रदेश: नई दिल्ली में आजम खां से मिलले अखिलेश यादव, मेदांता में जाके जनले मुलायम यादव के हाल। सपा सरंक्षक से देर तक भइल अखिलेश यादव के मुलाकात।
  4. उत्तर प्रदेश: सीएम योगी बोलले- शिक्षा आ स्वास्थ कवनो समाज के बुनियादी आवश्यकता, 700 आंगनबाड़ी केन्द्रन के शिलान्यास आ लोकार्पण कइलें सीएम योगी।
  5. झारखंड: इंटरनेट के गति बढ़ी, आईआईटी आ आईआईएमएसमें डिजाइन होई 5G मोबाइल टावर आ टावर के एंटीना, खाली 10 सेकेंड में डाउनलोड हो जाई डेढ़ जीबी के वीडियो फाइल।
  6. SCO में पीएम मोदी के संबोधन: PM बोलले- भारत में 70000 स्टार्टअप, 100 से बेसी यूनिकॉर्न… हम अनुभव साझा करे खातिर तइयार। पहिला राउंड में SCO के सुधार आ विस्तार, रीजनल सिक्योरिटी, सहजोग, कनेक्टिविटी के मजबूत करे आ बेयपार के बढ़ावा देवे प चरचा भइल।
  7. मोदी-पुतिन के मुलाकात जारी: कच्चा तेल के सप्लाई आ खाद्द संकट प फोकस, रूस-युक्रेन जंग  प होई बातचीत। रुसी बयान के मोताबिक एह मुलाकात में स्ट्रैटिजिक स्टेबिलिटी, एशिया-पैसिफिक रीजन प बात होई।
  8. 17 दिन में दुनिया के दूसरका सबसे अमीर कारोबारी बनले अडाणी: अब खाली ऐलन मस्क उनका से आगे, गौतम के नेटवर्थ 12.34 लाख करोड़ रुपिया, अंबानी 8वां नंबर प।
  9. कैप्टन अमरिंदर सिंह बीजपी में शामिल होइहें: पंजाब में मिल सकत बा बड़ जिम्मेदारी, भाजपा के प्रदेश प्रधान के कार्यकाल जल्दिये खतम हो रहल बा।
  10. संजू सैमसन करिहें इंडिया ए के कप्तानी:  शार्दूल ठाकुर आ उमरान मलिक टीम में, न्यूजीलैण्ड के खिलाफ पहिला एकदिवसीय मैच 22 सितंबर के।
332090cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.