Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

6 दिन के ट्रेनिंग बदल दिहलस जिंदगी, अब खेती से कs रहल बानें मोट कमाई, रउओ उठा सकेनी फायदा

349

खेती में युवा लोग के रुझान बढ़ल बा। हिमाचल प्रदेश के कांगड़ा जिला में अश्विनी कुमार पढ़ाई पूरा कइले के बाद खेती में जुट गइलें। ऊ खेती के ही आपन आजीविका बना लिहलस। ऊ आम के बिजनेस के आपन आजीविका बना के पारंपरिक तरीका से खेती करत रहनें। लेकिन अक्सर तेला बीमारी के प्रकोप से उनकर आम खराब हो जात रहे। एहसे उनके आम के बिजनेस में घाटा होला। तब ऊ खेती के तरीका बदलले के फैसला कइलस। अब ऊ प्राकृतिक खेती (Natural Farming) विधि से खेती कs रहल बानें अउर एनसे उन के मोट मुनाफा भी हो रहल बा।

6 दिन के लिहलें ट्रेनिंग

उनके मुताबिक, हिमाचल प्रदेश के पालमपुर विश्वविद्यालय में प्राकृतिक खेती के शिविर लागल रहे। एह शिविर के हिस्सा बन के ऊ पद्म श्री सुभाष पालकेर जी से 6 दिन ले प्राकृतिक खेती के गुर सिखनें। घर आ के ऊ पड़ोसी से गोबर- गोमूत्र ले के अपने 3 कनाल यानी डेढ़ बीघा के आम के बगइचा में ट्रायल शुरु कइलें। करीब 60 पौधा पर अलग-अलग आदान के प्रयोग से उनके अच्छा परिमाण मिलल। एकरे बाद ऊ प्राकृतिक खेती के पूरा तरे अपना लिहलें। हिमाचल प्रदेश कृषि विभाग के मुताबिक, पहिले आम पर उनकर खर्च 15,000 रुपया आवत रहल, जौन अब ई घट के 6,000 रुपया रह गइल।

लीज पर जमीन ले के शुरू कइलें खेती

प्राकृतिक खेती के नतीजा से उत्साहित हो के अश्विनी कुमार 10 बीघा जमीन लीज पर लिहले। एह जमीन पर ऊ सब्जियन के खेती के काम शुरू कइलें। सब्जियन के खेती करे खातिर ओमें हाथ बंटावे खातिर ऊ अपने इहां एगो प्रशिक्षु किसान के भी रखल। उनके मुताबिक, खेती में असली अनुभव देखे के बजाए खुद कsके आवsला। एहलिए ऊ अपने प्रशिक्षु किसान के प्राकृतिक खेती के गुर सिखवले के साथ उनके इस्तेमाल करे प्रोत्साहित करsतनें।

खरचा घट के हो गइल आधी

अश्विनी बागवानी के संगे खेती भी करत रहनें। सब्जियन के खेती के साथ ऊ अपने 25 कनाल के आम के बगइचा एह विधि में लाइल बाने। एकरे ऊ साहिवाल नस्ल के गाय खरीद चुकल बानें। ताकि बड़ स्तर पs आदान के जरूरत के पूरा कइल जा सके। अपने आस-पास के 3 पंचायत में ऊ प्राकृतिक खेती विधि के प्रचार-प्रसार भी करत रहनें। उनकर कहनाम बा कि पहिले रासायनिक खेती में 15,000 रुपया के खर्च आवत रहे अउर 53,500 रुपया के कमाई होला। जबकि प्राकृतिक खेती में 6 हजार लगा के 50 हजार के मुनाफा भइल बा।

435430cookie-check6 दिन के ट्रेनिंग बदल दिहलस जिंदगी, अब खेती से कs रहल बानें मोट कमाई, रउओ उठा सकेनी फायदा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.