Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

500 रुपये के नोट के ले के आइल ई खबर, RBI करे जा रहल बा बड़ बदलाव! तुरंत बैंक जा के करी ई काम…

2,041

रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया करेंसी में बड़ बदलाव कs सकsता। अगर रउरिये अपने घर में नोट जमा कsके रखले बानीं त तुरंत जान लेईं कि अब कौने तरह के बदलाव हो सकsता। नोटबंदी के बाद से देशभर में करेंसी के ले के कई तरह के खबर सोझे आ रहल बा। आजु हम आपके नोट से जुड़ल एगो बड़ अपडेट रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया करेंसी में बड़ बदलाव कs सकsता।

मांगल गइल बा सुझाव

बंबई उच्च न्यायालय के ओर से देशभर में चले वाले नोट के ले के बड़ बात कहल गइल बा। न्यायालय में विशेषज्ञन से देश में रुपया अउरी सिक्का दृष्टिबाधित लोग खातिर अउरी ढ़ेर अनुकूल बनावे के बारे में सुझाव देवे के कहल गइल। एह तरह के सुझाव के बाद ही नयका तरह के नोट जारी कइल जा सकsता।

पहिले भी कइल जा चुकल बा बदलाव

रिजर्व बैंक के ओर से भी नोट में स्पर्श से जुड़ल पहिले कई तरह के बदलाव कइल जा चुकल बा, जेसे कि दृष्टिबाधित लोग आसानी से रुपया चाहे सिक्का पहचान सकें अउरी ओमें अंतर कs सकें। एक्सपर्ट के सुझाव के बाद में रुपया चाहे सिक्का में बदलाव कsके ओके दृष्टिबाधित लोग के अनुकूल करे के प्रयास कइल ज रहल बा।

MANI App भी भइल अपडेट

एकरे अलावा रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया हाल ही में MANI App के भी अपडेट क देहले बा। अब आप एहमे 11 भाषा के सपोर्ट पा सकतनी। पहिले एहमें खाली हिंदी अउर अंग्रेजी ही उपलब्ध रहल। अब ई ऐप उर्दू, असमिया, बंगाली, गुजराती, कन्नड़, मलयालम, मराठी, उड़िया, पंजाबी, तमिल अउर तेलगू भाषा में उपलब्ध होई। सथही ई ऐप एकदम फ्री होई।

340370cookie-check500 रुपये के नोट के ले के आइल ई खबर, RBI करे जा रहल बा बड़ बदलाव! तुरंत बैंक जा के करी ई काम…

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.