[the_ad_group id="30365"]

त्योहारन के पहिले केंद्र देहलस तोहफा, चार प्रतिशत बढ़ल डीए

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्र सरकार बुध के कैबिनट के बैठक में तीन बड़ फैसले लिहले बा। केंद्रीय सूचना अउर प्रसारण मंत्री अनुराग ठाकुर अउर रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव एह फैसला के बारे में एगो प्रेसवार्ता के दौरान जानकारी देहलें। केंद्र सरकार अपने कर्मचारियन के त्याेहार के पहिले बड़ तोहफा दिहले बा। मोदी सरकार जुलाई 2022 से बढ़ल महंगाई भत्ता के मंजूरी दे देहलें बा। केंद्रीय कैबिनेट महंगाई भत्ता में चार प्रतिशत के वृद्धि के आपन मंजूरी दे देहलें बा। अब केंद्रीय कमर्चारियन के डीए 32% से बढ़कर 38 फीसदी हो गइल बा।

सरकार के ई फैसला जुलाई महीना के पहिली तारीख से लागू हो जाई। एकर मतलब बा कि केंद्रीय सरकार के कर्मियों के जुलाई महीना से ही बढ़ल वेतन मिली। केंद्र सरकार के कर्मी लोग के जुलाई अउर अगस्त महीना खातिर डीए मद में एरियर के भुगतान कइल जाई।

केंद्र सरकार के एह फैसला के केंद्रीय कर्मियन के अलावा पेंशनर्स के भी लाभ मिली। केंद्र सरकार के पेंशनर्स के कर्मचारियन के भांति ही डीए में बढ़ोतरी का लाभ मिलsला। अइसन में उनके खातिर बढ़त महंगाई के बीच डीए मद में चार प्रतिशत के इजाफा हो गइल बा। अब पेंशनधारियन के डीए भी बढ़कर 38 प्रतिशत हो गइल बा। अगर कौनो कर्मचारी के पेंशन 20,000 रुपया बा त डीए में चार प्रतिशत के बढ़ोतरी के बाद अब महीना में आवे वाली पेंशन के राशि आठ सौ रुपया बढ़ जाई

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]