[the_ad_group id="30365"]

छपरा में 5 घटा में 50 दुकानन के तुड़ल गइल: खनुआ नाला पs बनल दुकानन के कारण क्षेत्र में जल निकासी बंद, सड़कन पs  लाग रहल बा पानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा शहर में खनुआ नाला पs बनल दुकानन के तुड़ल गइल। दुकानदारन के 2 महीना पहिले खाली करे के नोटिस दिहल गइल रहे। एकरा बादो कवनो दुकानदार दुकान खाली ना कइल लो। जवना के बाद बियफे के प्रशासन बलपूर्वक दुकान हटववलस।  5 घंटा में 50 दुकानन के तुड़ल गइल। दुकान तुड़त घरी आसपास लोगन के जमावड़ा लागल रहल।

सीओ सत्येंद्र कुमार सिंह कहलें कि एनजीटी कोर्ट से खनुआ नाला पs बनल सब दुकानन के तुड़े के आदेस बा। दुकान लगातार तुड़ल जा रहल बा। एही क्रम में मौना साढ़ा रोड में दुकान तुड़ल गइल। खनुआ नाला पs दुकान बन गइला से शहरी क्षेत्र में जल निकासी बंद हो गइल रहे। जवना के लेके समूचा शहर आ आसपास में जलजमाव के इस्थिति उत्पन्न होत रहे।

286 दुकानन में 100 तुड़ल जा चुकल 

खनुआ नाला पs नगर विकास के तहत दुकान बनावल गइल रहे। जवना के चलते खनुआ के सफाई ना हो पावत रहे। सफाई ना होखला से समूचा शहर में जलजमाव के इस्थिति होत रहे। जवना के बाद नागरिक लोग एनजीटी में अपील कइल। एनजीटी सब दुकानन के तुडे के आदेश पारित कइलस। बहुत अड़चन के बाद दुकानन के तुड़े के काम कइल जा रहल बा। छपरा शहरी क्षेत्र में 286 दुकानन के तुड़े के बा जेमे करीब 100 दुकानन के तुड़ दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]