[the_ad_group id="30365"]

RSS के बैठक में जात रहलें CM योगी, रास्ता में गड़हा-गंदगी देख भइलें नाराज, सुपरवाइजर निलंबित, जोनल अधिकारी हटलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के कार्यक्रम में मंगर के सामिल होखे देवा रोड गइल मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मटियारी चौराहा के लगे जगह-जगह गड़हा मिलल तs सड़क किनारे जलभरावो मिलल। पहिले जानकारी के बादो सफाई ना भइल रहे आ आसपास कूड़ा के ढेर मिलल। ई ममिला उच्च स्तर पs गंभीरता से लिहल गइला के बाद अधिकारी हरकत में आ गइल लो।

नगर आयुक्त इन्द्रजीत सिंह के अलावे लोक निर्माण विभाग (प्रांतीय खंड) के अधिशासी अभियंता मनीष वर्मा मवका पs पहुंच गइलें। नगर आयुक्त लापरवाही करे पs नगर निगम जोन सात में तैनात अवर अभियंता अरुण मेहता आ सफाई निरीक्षक देवेंद्र वर्मा खिलाफ विभागीय कार्यवाही के संस्तुति कइले बाड़ें आ सुपरवाइजर अवधेश के निलंबित कs देलें, जबकि देर रात जोनल अधिकारी मनोज यादव के हटाके मुख्यालय से संबद्ध कs दिहल गइल। नगर आयुक्त बतवलें कि अभी कुछ अधिकारियन पs बुध के कार्रवाई होई।

नगर आयुक्त बतवलें कि वीआइपी मूवमेंट के जानकारी पहिलही दिहल जा चुकल रहे, बाकिर अवर अभियंता, सफाई निरीक्षक आ सुपरवाइजर लापरवाही कइल लो, जवना खातिर अवर अभियंता आ सफाई निरीक्षक के विभागीय कार्यवाही के संस्तुति आ सुपरवाइजर के निलंबित कs दिहल गइल बा। सड़कन पs गड़हा होखे पs लोक निर्माण विभाग सफाई देलस आ कहलस कि सड़क लोक निर्माण विभाग के हs। लोक निर्माण विभाग के मुख्य अभियंता मध्य जोन जीएम वर्मा के कहनाम बा कि जवना सड़क से मुख्यमंत्री के काफिला निकलल रहे, उ एनएचएआइ के हs।

जोनल अधिकारी खुद कूड़ा उठावे लगलें 

देवा रोड पs कूड़ा मिलला पs उच्च स्तरीय नाराजगी के बाद जोनल अधिकारी सात मनोज यादव खुद कूड़ा उठावे लगलें तs हर अधिकारी जलभराव के दूर करे में जुट गइल। चंदन अस्पताल के सामने नाला चोक होखे से लकहर समय तक पानी भरल रहेला। एही तरे नगर निगम डूडा शहरी आजीविका मिशन के सफाई के काम दे रखले बा, जवना पs कइयन बेर सवाल उठ चुकल बा।

देवा रोड पs मिशन के लगे 15 कर्मचारी बा, बाकिर मिशन के तरफ से कवनो कर्मचारी ना लगावल जाला। सफाई निरीक्षक शहरी आजीविका मिशन के संचालक के खिलाफ रिपोर्ट भेजले रहस आ जुर्मानो लगवले रहस, बाकिर अधिकारियन के तरफ से कवनो कार्रवाई ना कइल गइल। ओने, मुख्यमंत्री समेत कइयन विशिष्ट अतिथियन के कार्यक्रम में जाये के रहे, बाकिर नगर निगम तइयारी ना कइले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]