[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली में अब रात 12 बजे ले बजा सकेंनी लाउडस्पीकर, एह ख़ास मउका खातिर केजरीवाल सरकार दिहले इजाजत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

 

सितंबर महीना के अंत के बाद त्योहार के कतार लागी। नवरात्रि, दशहरा, दिवाली के अलावा अउरी कई गो परब धूमधाम से मनावल जाई। एह में से कई गो त्योहारन में लाउडस्पीकर के बड़ पैमाना पs इस्तेमाल होला। अगर रउरा दिल्ली में रहत बानी त रउरा एह बात के जानकारी हो सकेला कि रात के दस बजे के बाद लाउडस्पीकर बजावल राजधानी में कानूनी अपराध ह। बाकिर अब त्योहारन के देखत केजरीवाल सरकार एहमें बड़हन ढील दे दिहले बिया।

दिल्ली के कुछ इलाका में अब आधा रात के बारह बजे ले लोग लाउडस्पीकर बजा सकेली। बतावल जाव कि लवकुश रामलीला समिति मुख्यमंत्री सीएम अरविंद केजरीवाल से भेंट कइले रहुवे आ एहमें ढील देबे के माँग कइले रहुवे। एकरा बाद सीएम दिल्ली के कुछ इलाका में समय में ढील देले बाड़े। छूट से जुड़ल फाइल एलजी वीके सक्सेना के भेज दिहल गइल बा।

लवकुश रामलीला समिति सीएम से भेंट कइले रहुवे

बता दीं कि दिल्ली के लवकुश रामलीला कमेटी के ओर से आयोजित रामलीला पूरा दुनिया में मशहूर बा। एहमें कई गो मशहूर कलाकार अभिनय करेलें। एह समिति के सदस्य हालही में सीएम केजरीवाल से भेंट कइले रहले। एह बईठक के दौरान सदस्य लोग कहले रहे कि नियम के चलते दिल्ली में रामलीला के मंचन सिर्फ रात के दस बजे तक हो सकता। एह में कुछ आराम देके एकर समय रात के दस बजे से बढ़ा के आधा रात के बारह बजे कs दिहल जाव।

बाकी आयोजनन खातिर कवनो छूट ना दिहल जाई

केजरीवाल एह नियम में ढील देबे के भरोसा दिहले रहले जवना के बाद आजु एह नियम में ढील दिहल गइल बा। अब एह आदेश के लेके एगो अधिसूचना भी जल्दिए जारी कईल जाई। हालांकि इ ढील रामलीला अवुरी दुर्गा पूजा के छोड़ के बाकी आयोजन खातीर ना होई। पूरा दिल्ली में 650 से अधिका रामलीला के मंचन होला।

एमसीडी बुकिंग के समय बढ़ा दिही

एकरा संगे लवकुश रामलीला के टीम एमसीडी से जुड़ल समस्या बतावत कहलस कि एमसीडी आमतौर पs एमसीडी के मैदान के बुकिंग समिति के 40 दिन खातीर देवेले, लेकिन कुछ जगह पs मात्र 10 दिन खातीर बुकिंग मिलल बा। उ एकरा के बढ़ावे के मांग भी कईले बाड़े। एह पर केजरीवाल कहले बाड़न कि जल्दिए एह विषय के लेके एमसीडी के आदेश दीहें। एकरा संगे एमसीडी के रामलीला पंडाल के आसपास मच्छर भगावे वाला दवाई के छिड़काव करे के कहल जाई।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]