[the_ad_group id="30365"]

सोनपुर में कार्तिक नहान खातिर 4 जोड़ी मेला स्पेशल: 27 नवंबर से स्पेशल सवारी गाड़ी के परिचालन, श्रद्धालुअन के भीड़ के देखत लिहल गइल निर्णय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोनपुर रेल मंडल क्षेत्र के विश्व प्रसिद्ध हरिहर क्षेत्र सोनपुर में लागे वाला कार्तिक पूर्णिमा मेला के अवसर पs होखे वाला यात्रियन के भीड़ के मद्देनजर पूर्व मध्य रेल 27 नवंबर के चार  जोड़ी मेला स्पेशल सवारी गाड़ी के परिचालन करी। सोनपुर-मुजफ्फरपुर, सोनपुर-छपरा आ सोनपुर-पाटलिपुत्र कार्तिक पूजा स्पेशल ट्रेन हs। सोनपुर में कार्तिक नहान के लेके लागे वाला भीड़ के मद्देनजर ट्रेनन के संचालन कइल जा रहल बा।

1. गाड़ी सं. 05202/05201 सोनपुर-मुजफ्फरपुर-सोनपुर कार्तिक पूर्णिमा मेला स्पेशल सोनपुर आ मुजफ्फरपुर के बीच एक फेरा चलावल जाई। गाड़ी सं. 05202 सोनपुर-मुजफ्फरपुर कार्तिक पूर्णिमा मेला स्पेशल ट्रेन दिनांक 27 नवंबर के सोनपुर से 00:45 बजे खुलके हाजीपुर, घोसवर हाल्ट, सराय, बिठौली, भगवानपुर, बेनीपट्टी, गोरौल, कुढ़नी, तुर्की आ रामदयालू नगर रुकत 02:40 बजे मुजफ्फरपुर पहुंची।

वापसी में ई गाड़ी 05201 मुजफ्फरपुर-सोनपुर कार्तिक पूर्णिमा मेला स्पेशल ट्रेन दिनांक 27 नवंबर के मुजफ्फरपुर से 03:00 बजे खुलके उपरोक्त स्टेशन/हॉल्ट पs रुकत 04:40 बजे सोनपुर पहुंची।

2. गाड़ी सं. 05203/05204 सोनपुर-छपरा-सोनपुर कार्तिक पूर्णिमा मेला स्पेशल सोनपुर आ छपरा के बीच एक फेरा चली। गाड़ी सं. 05203 सोनपुर-छपरा कार्तिक पूर्णिमा मेला स्पेशल दिनांक 27 नवंबर के सोनपुर से 00:15 बजे खुलके परमानन्दपुर, नयागांव, शीतलपुर, दीघवारा, अम्बिका भवानी हॉल्ट, अवतारनगर, पंचपटिया, बड़ागोपाल, डुमरी जुवारा हॉल्ट, गोल्डिनगंज, छपरा ग्रामीण आ छपरा कचहरी रुकत 02:30 बजे छपरा पहुंची।

वापसी में ई गाड़ी 05204 छपरा-सोनपुर कार्तिक पूर्णिमा मेला स्पेशल 27 नवंबर के छपरा से 03:45 बजे खुलके उपरोक्त स्टेशन/हॉल्ट पर रुकत 06:38 बजे सोनपुर पहुंची।

3. गाड़ी सं. 05205/05206 सोनपुर-पाटलीपुत्र-सोनपुर कार्तिक पूर्णिमा मेला स्पेशल सोनपुर आ पाटलीपुत्र के बीच एक फेरा चलेगी।

गाड़ी सं. 05205 सोनपुर-पाटलीपुत्र कार्तिक पूर्णिमा मेला स्पेशल 27 नवंबर के सोनपुर से 00:10 बजे खुलके पहलेजाघाट, दीघाब्रिज हॉल्ट रुकत 00:50 बजे पाटलीपुत्र पहुंची। वापसी में 05206 पाटलीपुत्र-सोनपुर कार्तिक पूर्णिमा मेला स्पेशल 27 नवंबर के पाटलीपुत्र से 01:05 बजे खुलके उपरोक्त स्टेशन/हॉल्ट पs रुकत हुए 01:50 बजे सोनपुर पहुंची। गा

4. गाड़ी सं. 05251/05252 सोनपुर-पाटलीपुत्र-सोनपुर कार्तिक पूर्णिमा मेला स्पेशल सोनपुर आ पाटलीपुत्र के बीच एक फेरा चली।

गाड़ी सं. 05251 सोनपुर-पाटलीपुत्र कार्तिक पूर्णिमा मेला स्पेशल ट्रेन 27 नवंबर के सोनपुर से 02:05 बजे खुलके पहलेजाघाट, दीघाब्रिज हॉल्ट पs रुकत 02:45 बजे पाटलीपुत्र पहुंची। वापसी में ई गाड़ी 05252 पाटलीपुत्र-सोनपुर कार्तिक पूर्णिमा मेला स्पेशल ट्रेन 27 नवंबर के पाटलीपुत्र से 03:05 बजे खुलके उपरोक्त स्टेशन/हॉल्ट पs रुकत 03:45 बजे सोनपुर पहुंची।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]