आज यूपी में बंद रही नॉन वेज के सगरी दुकान, योगी सरकार दिहलस आदेश

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 25, 2023

अब तक रउआ ड्राई डे के नाम सुनले होखब, लेकिन अब उत्तर प्रदेश के भी नो नॉन वेज डे घोषित हो गईल बा। यूपी के योगी सरकार राज्य के सगरी स्लॉटर हाउस आ सगरी मांस

Share

अब तक रउआ ड्राई डे के नाम सुनले होखब, लेकिन अब उत्तर प्रदेश के भी नो नॉन वेज डे घोषित हो गईल बा। यूपी के योगी सरकार राज्य के सगरी स्लॉटर हाउस आ सगरी मांस बेचे वाला दुकानन के 25 नवम्बर शनिचर के दिने बंद राखे के आदेश दिहले बिया। ए संबंध में सरकार एगो आदेश भी जारी कईले बिया, जवना में कहल गईल बा कि राज्य में मांस बेचे वाली सभ दोकान 25 नवंबर के बंद रही।

आदेश जारी करत राज्य सरकार कहलस कि विशेष सचिव सभे संभागीय आयुक्त, नगर आयुक्त अवुरी जिला मजिस्ट्रेट के चिट्ठी लिख के कहले बाड़े कि महावीर जयंती, बुद्ध जयंती, गांधी जयंती, शिवरात्रि महापर्व के दिन राज्य में कवनो नॉन वेज दिवस ना होई। शिवरात्रि महापर्व और साधु टीएल वासवानी जी की जयंती पs होई। एह दिन सगरी मांस के दुकान आ स्लॉटर हाउस बंद राखल जाई। आजु 25 नवम्बर टीएल वासवानी के जयंती हs आ एही कारण से मांस के दुकान आ स्लॉटर हाउस बंद राखे के आदेश जारी भइल बा।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.