[the_ad_group id="30365"]

11 वोट से जीत हासिल कs के अनुराग बनलें अध्यक्ष: डीडीयू के पत्रकारिता विभाग में दूसरका पत्रकारिता परिषद के भइल गठन, नंदनी मिश्रा बनलीं बीजे उपाध्यक्ष

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी आ पत्रकारिता विभाग में बियफे के दूसरका पत्रकारिता परिषद के चुने खातिर वोटिंग भइल। चुनाव में अध्यक्ष पद के दावेदार अनुराग रंजन सानदार प्रर्दशन कर जीत हासिल कइलें। अनुराग अपना निकटतम प्रतिद्वंदी प्रगति गुप्ता के 11 वोटन से शिकस्त देले। ओहिजा उपाध्यक्ष एमजे खातिर भइल चुनाव में राम सिंह यादव अपना प्रतिद्वंदी गणेश पांडेय के 11 वोटन से हरवलें।

बीजे उपाध्यक्ष खातिर भइल रोमांचक संघर्ष 

सबसे कांटा के लड़ाई उपाध्यक्ष बीजे के पद पs भइल जहां नंदनी मिश्रा अपना प्रतिद्वंदी सुधांशु मल्ल से मात्र 2 वोट से जीतली। सचिव पद पs आयुष त्रिपाठी आ कोषाध्यक्ष खातिर प्रखर शर्मा चुनल गइल लो। नवनियुक्त कार्यकारिणी के डिपार्टमेंट के शिक्षक आ छात्र बधाई दिहल लो।

चुनाव अधिकारी के तौर पर विभाग के शिक्षक परचा दाखिला से लेके कांउटिंग तक महत्वपूर्ण भूमिका निभावल लो। समूचा प्रक्रिया डॉ० रजनीश कुमार चतुर्वेदी, आयुष सेंगर, नरगिस बानो आ पुष्पजीत सिंहा के देखरेख में शांतिपूर्ण तरीका से संपन्न भइल।

नया पत्रकारिता परिषद के ई होई दायित्व

• डिपार्टमेंट के एकता आ अनुशासन बना के राखल।

• डिपार्टमेंट के अध्ययन आ पठन- पाठन से संबंधित सब कामन में सहयोग कइल।

• पत्रकारिता आ जनसंचार से जुड़ल विषयन पs सेमिनार आ वर्कशॉप के अयोजन कइल।

• विभाग के मासिक पत्रिका विश्व संवाद के सुचारू रूप से प्रकाशन में सहजोग कइल।

• साल में एक बेर मीडिया फेस्ट के आयोजन कइल।

• मासिक बैठक कs के कार्यक्रमन के तैयारी कइल आ टीचर्स से राय लिहल।

• प्रमुख दिवसन पs कार्यक्रम के आयोजन कइल आ ओकरा खातिर बजट के बेवस्था कइल।

• फंड इकट्ठा कइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]