साइबर फ्रॉड पऽ सरकार के बड़ एक्शन, 6 लाख फोन नंबर बंद, 800 ऐप ब्लॉक

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 25, 2024

साइबर अपराध के खिलाफ गृह मंत्रालय बड़ कार्रवाई कइले बा। ई कार्रवाई गृह मंत्रालय के साइबर विंग 14c कइले बा। साइबर विंग साइबर धोखाधड़ी से जुड़ल करीब छह लाख नंबर बंद कऽ दिहले बा। एतने

Share

साइबर अपराध के खिलाफ गृह मंत्रालय बड़ कार्रवाई कइले बा। ई कार्रवाई गृह मंत्रालय के साइबर विंग 14c कइले बा। साइबर विंग साइबर धोखाधड़ी से जुड़ल करीब छह लाख नंबर बंद कऽ दिहले बा। एतने ना, 800 अइसन ऐप के ब्लॉक कऽ दिहल गइल बा। एकरा अलावे साइबर विंग के आदेश प साइबर धोखाधड़ी से जुड़ल 65 हजार यूआरएल के ब्लॉक कऽ दिहल गइल बा।

साइबर विंग पिछला 4 महीना में धोखाधड़ी से जुड़ल 3.25 लाख खाता के फ्रीज कऽ देले बा। 3400 से अधिक सोशल मीडिया ग्रुप बंद कऽ दिहल गइल बा। गृह मंत्रालय के दावा बा कि 8.5 लाख लोग के साइबर धोखाधड़ी से बचावल गइल बा।

1 साल में एक लाख केस दर्ज

देश में साइबर धोखाधड़ी के मामला तेजी से बढ़ल बा। एमें डिजिटल गिरफ्तारी के मामिला शामिल बा। एनसीआरपी पोर्टल पs साल 2023 में एक लाख से अधिका घोटाला के शिकायत आइल बा। एह मामिला में करीब 17 हजार प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा।

गृह मंत्रालय 2018 में 14c विंग बनवले रहे। गृह मंत्रालय के साइबर आ सूचना सुरक्षा प्रभाग के भीतर केंद्रीय क्षेत्र योजना के तहत एकरा के बनावल गइल बा। ई सगरी राज्यन से जुड़ल बा आ साइबर अपराध के मामिला पर नजर राखेला।

साइबर अपराध से निपटे खातिर विंग राष्ट्रीय स्तर पs समन्वय केंद्र बनवले बा। एकरा अलावे इ विंग साइबर अपराध से जुड़ल शिकायत के आसानी से दर्ज करावे में मदद करेला। साइबर अपराध से निपटे में एजेंसियन के मदद करेला। ई विंग लोग के एह तरह के अपराध से बचे आ जागरूकता बढ़ावे खातिर दिशानिर्देश जारी करेला। विंग फर्जी डिजिटल प्लेटफार्म के पहचानो करेला आ ओकरा खिलाफ कार्रवाई करेला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.