25 जुलाई 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 25/07/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि एकादशी

दिन के 11 बजके 34 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वादशी।

दिन- सनिचर।

ज्येष्ठा नक्षत्र

समस्त नक्षत्र।

ब्रह्म जोग

रात के 09 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद इन्द्र जोग।

विष्टि करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 26/07/2026

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वादशी

दिन के 01 बजके 58 मिनट ले।

दिन- अतवार।

ज्येष्ठा नक्षत्र

सबेरे के 07 बजके 34 मिनट ले।

इन्द्र जोग

रात के 10 बजके 04 मिनट ले।

बालव करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन राउर आत्मविश्वास में बढ़न्ती होई। कामकाज में नया मवका मिल सकेला। परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली। पईसा के ममिला में सोच-समझ के फैसला लीं।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज मेहनत के अच्छा परिणाम मिल सकेला। नौकरी आ बेयपार में फायदा के जोग बा। पुरान समस्या के समाधान होई। सेहत के प्रति लापरवाही मत करीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज बातचीत के तरीका से काम बन जाई। नया लोग से संपर्क बढ़ी। पढ़ाई करे वाला जातक के सफलता मिल सकेला। जतरा के जोग बनत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज परिवार के सहजोग मिली। मन में सकारात्मक विचार आई। आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। भावुक होके कवनो बड़ फैसला मत लीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज नेतृत्व क्षमता बढ़ी। ऑफिस में राउर काम के सराहना होई। समाज में मान-सम्मान बढ़े के जोग बा। खरचा पs नियंत्रण रखीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज योजना बनाके काम करीं तs सफलता जल्दी मिली। नौकरी में बदलाव के विचार आ सकेला। स्वास्थ्य अच्छा रही, बाकिर आरामो जरूरी बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रिश्तन में मधुरता आई। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बेयपार में लाभ के अवसर मिल सकेला। कला आ रचनात्मक काम में सफलता मिली।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज धैर्य से काम लेवे के जरूरत बा। विरोधी से सावधान रहीं। आर्थिक ममिला में सोच-समझ के डेग उठाईं। परिवार के संगे समय अच्छा बीती।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य के साथ मिल सकेला। नया काम सुरू करे के अच्छा समय बा। शिक्षा आ करिअर में प्रगति के जोग बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज जिम्मेदारी बढ़ी, बाकिर मेहनत के फल जरूर मिली। नौकरी में तरक्की के संभावना बा। खरचा बढ़ सकेला, बजट बनाके चलीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया विचार से फायदा होई। संघतिया आ सहजोगियन से मदद मिली। निवेश करे से पहिले पूरा जानकारी जरूर लीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन शांत रही आ रचनात्मक काम में रुचि बढ़ी। परिवार में खुसी के माहौल रही। आर्थिक इस्थिति में सुधार हो सकेला।

Read Also: Bihar Politics : मृत्युंजय तिवारी भाजपा में सामिल, आरजेडी छोड़ला के बाद बीजेपी के थमलें दामन, कहलें- ‘सम्मान खातिर छोड़नी पार्टी’

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-