पटना। राष्ट्रीय जनता दल (RJD) के पूर्व प्रवक्ता मृत्युंजय तिवारी अब आधिकारिक रूप से भारतीय जनता पार्टी (BJP) में सामिल हो गइल बाड़ें। कुछ दिन पहिले RJD से इस्तीफा देवे वाला मृत्युंजय तिवारी के पटना इस्थित भाजपा कार्यालय में आयोजित कार्यक्रम के दौरान पार्टी के सदस्यता दिलावल गइल। भाजपा में सामिल होखला के बाद ऊ कहलें कि ऊ कवनो पद के लालच में ना, बलुक आत्मसम्मान खातिर ई फैसला लेले बाड़ें।
मृत्युंजय तिवारी 16 जुलाई के RJD प्रवक्ता सहित पार्टी के सब जिम्मेदारियन से इस्तीफा दे देले रहलें। भाजपा में सामिल होखे से पहिले ऊ कहलें कि करीब 20 साल तक पार्टी के सेवा कइला के बादो उनकर उचित सम्मान ना मिलल।
उनकर कहनाम रहे कि ऊ कबो कवनो पद के मांग ना कइले रहलें, बाकिर हमेसा सम्मान के प्राथमिकता देलें। एह चलते आत्मसम्मान के खातिर RJD छोड़के भाजपा में सामिल होखे के फैसला कइलें।
‘देसहित खातिर BJP के चुननी’
भाजपा में सामिल होखला के बाद पत्रकारन से बातचीत में मृत्युंजय तिवारी कहलें कि RJD छोड़ला के बाद उनका लगे कइयन गो राजनीतिक विकल्प रहे, बाकिर ऊ भाजपा के एह चलते चुनलें काहेकि ई पार्टी देसहित में काम कs रहल बिया।
उनकर दावा बा कि भाजपा देस, राज्य आ समाज के विकास के संगे धर्म के रक्षा खातिर काम करत बिया। ऊ कहलें कि देस के बांटे वाला राजनीति के बजाय विकास आ राष्ट्रहित के राजनीति के समर्थन करे के फैसला कइले बाड़ें।
तेजस्वी यादव पs सधलें निशाना
भाजपा जॉइन कइला के बाद मृत्युंजय तिवारी RJD नेता तेजस्वी यादव पs निशाना सधलें। ऊ कहलें कि लगभग 20 साल तक पार्टी में रहला के बादो RJD पुरान राजनीतिक सोच से बाहर ना निकल सकल।
उनकर कहनाम रहे कि जुवा नेता होखला के बादो तेजस्वी यादव से नया विजन के उम्मीद रहे, बाकिर ओह दिशा में बदलाव ना देखे के मिलल। विधानसभा सत्र आ चुनाव जइसन महत्वपूर्ण समय में विपक्ष के सक्रियता पs ऊ सवाल उठवलें।
सरकार के विकास कार्य के सरहलें
मृत्युंजय तिवारी कहलें कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ बिहार के मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी के नेतृत्व में देस आ बिहार विकास के राह पs आगे बढ़ रहल बा। उनका अनुसार, सरकार के योजना से जुवा, किसान, मजदूर सहित समाज के हर वर्ग के लोग लाभ उठा रहल बा।









