[the_ad_group id="30365"]

एक दिन में रिकॉर्ड 2914 लोग कइल हवाई सफर, अब एह शहरन खातिर उड़ान शुरू करावे के हो रहल बा तैयारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर एयरपोर्ट से अतवार के एक दिन में रिकॉर्ड 2914 लोग सफर कइल। एसे पहिले ई संख्या अधिकतम 2600 तक पहुंचल रहे, त उहवें कोराना संक्रमण के दौरान ई संख्या सबसे कम 400 यात्रियन के करीब पहुंच गइल रहे। हवाई सेवा के गति पकड़ले के बाद अधिकारी लोग अब बेंगलुरु, चेन्नई अउर गोवा के उड़ान शुरू करावे के भी तैयारी शुरू कs दिहले बा।
गोरखपुर एयरपोर्ट से दिल्ली, मुंबई, कोलकाता, लखनऊ, प्रयागराज अउर हैदराबाद खातिर रोजाना 10 विमान उड़ान भरेने। एहमें दिल्ली खातिर चार, मुंबई खातिर दू विमान उड़ान बा। नवंबर के तीसरे सप्ताह में हवाई यात्रा करे वालन के संख्या बढ़ल बा।
रोजाना 2200 से 2500 लोग सफर कs रहल बानें। अतवार के 2914 लोग यात्रा कइल जौन गोरखपुर एयरपोर्ट के नयका रिकार्ड ह। एकरे पहिले एक दिन में गोरखपुर एयरपोर्ट से एतना यात्री लोग कब्बो सफर नाइ कइले रहल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]