दिनांक- 08/07/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
आषाढ़ कृष्ण पक्ष
तिथि– अष्टमी
दिन के 12 बजके 21 मिनट ले,
ओकरा बाद नवमी।
दिन- बुध।
रेवती नक्षत्र
दिन के 04 बजके 00 मिनट ले,
ओकरा बाद अश्विनी नक्षत्र।
अतिगण्ड जोग
दिन के 12 बजके 37 मिनट ले,
ओकरा बाद सुकर्मा जोग।
कौलव करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 09/07/2026
आषाढ़ कृष्ण पक्ष
तिथि- नवमी
दिन के 10 बजके 38 मिनट ले।
दिन- बियफे।
अश्विनी नक्षत्र
दिन के 02 बजके 56 मिनट ले।
सुकर्मा जोग
दिन के 10 बजके 11 मिनट ले।
गर करण।

कामकाज में सफलता मिले के जोग बा। रुकल काम पूरा हो सकेला। परिवार में खुसी के माहौल रही। फिजूल खरचा से बचीं आ निवेश सोच-समझ के करीं।
आज धैर्य से काम लेला के जरूरत बा। ऑफिस में जिम्मेदारी बढ़ सकेला। संघतिया लोगन के सहजोग मिली। जतरा के जोग बन रहल बा। स्वास्थ्य पs ध्यान दीं।
आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। नया योजना पs काम सुरू करे के सही समय बा। दाम्पत्य जिनगी सुखद रही। खानपान पs नियंत्रण रखीं।


भाग्य राउर साथ दी। अधूरा काम पूरा हो सकेला। आर्थिक लाभ के संभावना बा। विद्यार्थी लोग खातिर दिन बढ़िया रही। सेहत ठीक रही।












